[the_ad_group id="30365"]

Manoj Jha: महागठबंधन वाला लोग खुश जाव…, मनोज झा बतवले सीटन के अनुमान, कहले – हम जिंदगी में कबो…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Politics बिहार में लोकसभा चुनाव के रिजल्ट के पहिले नेता लो के बीच जुबानी जंग शुरू हो गइल बा। विपक्ष के नेता लो जहां एग्जिट पोल के सिरे से नकार देले बा ओहिजा कुछ नेता लो एकरा के पीएमओ के एग्जिट पोल बतवले बा। एही क्रम में आरजेडी सांसद मनोज झा सीटन के अइसन अनुमान लगवले बाड़े कि अब महागठबंधन वाला लोग खुश हो जाई।

बिहार समेत पूरा देश में लोकसभा चुनाव के परिणाम 4 जून के आवे वाला बा। एकरा से पहिले नेता लो के अनुमान आवल शुरू हो गइल बा। एही क्रम में आरजेडी से राज्यसभा सांसद मनोज झा महागठबंधन के सीटन के लेके अपना अनुमान बता देले बाड़े।

मनोज झा (Manoj Jha) के अनुमान से महागठबंधन में खुशी के लहर दौड़ सकऽता। मनोज झा समाचार एजेंसी पीटीआई से बात करत घरी कहले कि हम जिंदगी में कबो आ हमार पार्टी कबो एग्जिट पोल के तवज्जो नइखे देले। 2015 देखीं, 2020 देखीं, रउआ उदाहरण मिल जाई। कई गो लोग तऽ माफीनामा लिखेला।

मनोज झा कहले कि ई एग्जिट पोल तऽ पीएमओ से आइल बा। कवनो जोशी जी बाड़े जे तइयारी कर रहल बाड़े। हम तेजस्वीजी के कैंपेन देखले बानी। एह कैंपेन में आरजेडी के परिवर्तन पत्र हंगामा मचा देले बा। रोजगार, महंगाई, महिला लो के सशक्तिकरण सब पs जोर दिहल गइल बा।

महागठबंधन के कतना सीट

मनोज झा कहले कि जवनो आंकड़ा रउआ देख रहल बानी, ओमें व्यापक उलटफेर होई। हमरा अनुमान से महागठबंधन के 25 से बेसी सीट मिल रहल बा। उऽ कहले कि 4 जून के एग्जिट पोल ना बल्कि वास्तविक परिणाम सामने होई आ हमनीं पूरा तरह से बढ़त बनाइब।

मनोज झा कहले हम तेजस्वी यादव जइसन कैंपेन अबही ले ना देखनीं। मनोज झा कहले कि हम रउआ सभे के भरोसा दिआव तानी कि बिहार में हमनीं 25 से बेसी सीट जीते जा रहल बानी सन।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]