[the_ad_group id="30365"]

Delhi: दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया आ सत्येंद्र जैन के इस्तीफा; CM केजरीवाल मंजूर कइलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के उपमुख्यंत्री मनीष सिसोदिया आ मंत्री सत्येंद्र जैन मंहर के इस्तीफा दे दिहल लो। बता दें कि सिसोदिया कथित आबकारी घोटाला के ममिला में पांच दिन के सीबीआई रिमांड पs चल रहल बा, ओहिजा मंत्री सत्येंद्र जैन पहिलही मनी लॉन्ड्रिंग केस में जेल में बंद बाड़ें। सूत्रन के मोताबिक मनीष सिसोदिया के कुछ विभाग परिवहन मंत्री कैलाश गहलोत संभरिहें। ओहिजा राजकुमार आनंद के कुछ विभागन के जिम्मेदारी सउपल जाई।

मनीष सिसोदिया के सीबीआई अतवार के गिरफ्तार कइल गइल रहे आ सोमार के कोर्ट में पेश कs के पांच दिन के रिमांड प्राप्त करे में कामयाब रहल। सीबीआई के एह कार्रवाई के खिलाफ मंगर के सिसोदिया सुप्रीम कोर्ट पहुंचलें बाकिर उहां से उनका राहत ना मिलल। कोर्ट उनका के हाईकोर्ट जाये के सलाह देलस।
जस्टिस पीएस नरसिम्हा कहलें कि ममिला दिल्ली में होखला के ई मतलब नइखे कि रउआ सीधे सुप्रीम कोर्ट के रूख करीं। ऊ कहलें कि उपमुख्यमंत्री सिसोदिया के लगे अपना जमानत के लेके कइयन सारा विकल्प बा। उनका के दिल्ली हाईकोर्ट जाये के चाहीं। एह ममिला में हमनी के कवनो हस्तक्षेप ना कर सकनी सs।

ओहिजा, सूत्रन के मोताबिक आम आदमी पार्टी सुप्रीम कोर्ट के सलाह पs अब एह ममिला के हाईकोर्ट में लेके जाई। पार्टी कहलस कि हमनी के कोर्ट के सम्मान करत बानी सs।

भाजपा चलाई अभियान, दिल्ली के शराब घोटाला के दी जानकारी

भाजपा दिल्ली सरकार में भइल कथित शराब घोटाला के बारे में जानकारी देवे खातिर राजधानी के हर घर के दरवाजा खटखटाई। भाजपा कार्यकर्ता दिल्ली के हर बूथ के हर घर तक पहुंचके नया शराब नीति में भइल अनियमिततन के जानकारी दिहि। एकर विस्तृत योजना आज दिल्ली प्रदेश भाजपा के शीर्ष पदाधिकारियन के बैठक में तय कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]