[the_ad_group id="30365"]

Manipur Bomb Attack: मणिपुर के बिष्णुपुर जिला में बम हमला

Manipur violence
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मणिपुर में शुक के सबेरे फेर संदिग्ध आतंकवादी बम हमला कइले। खबर के मुताबिक मणिपुर के बिष्णुपुर जिला में एगो ताजा बम हमला भइल बा, जवना में कम से कम दु भवन के नुकसान पहुंचल। बतावल जाता कि चुराचंदपुर जिला के नजदीकी पहाड़ी इलाका में ऊँच जगही से रॉकेट फायरिंग भइल। इ इलाका राजधानी इम्फाल से करीब 45 किलोमीटर दूर बा। एह हमला में ट्रोंगलाओबी के निचला आवासीय इलाका के निशाना बनावल गइल।

पुलिस के कहनाम बा कि, रॉकेट के रेंज 3 किलोमीटर से जादे होखे के अनुमान बा। सौभाग्य के बात बा कि एह हमला में कवनो तरह के जानमाल के कवनो खबर नइखे। पुलिस बतवलस कि बम विस्फोट से स्थानीय कम्युनिटी हॉल आ खाली कमरा क्षतिग्रस्त भइल बा। एकरा अलावा संदिग्ध आतंकवादी बिष्णुपुर जिला के ओर कई गो राउंड फायरिंग कइले, जवना के बाद सुरक्षा बल जवाबी कार्रवाई कइलस।

प्रत्यक्षदर्शी बतवले कि गुरुवार के रात ट्रोंगलाओबी से कुछ किलोमीटर दूर कुम्बी गांव में जमीन से 100 मीटर से कम ऊपर कई गो ड्रोन मंडराते देखल गइल। एकरा चलते इलाका में तनाव बढ़ गइल बा।

साभार – अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]