[the_ad_group id="30365"]

आम महोत्सव 2023 : सीएम योगी  कइलें उद्घाटन, बोललें यूरोप के बाजार कs रहल बा यूपी के आम के इंतजार, गुणवत्ता बढ़ाई।

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीएम अवध शिल्प ग्राम में आयोजित आम महोत्सव में संबोधन करत रहलें। ऊ कहलें कि उत्तर प्रदेश में 1000 वैरायटी के आम उत्पादित होला ।उत्तर प्रदेश में एगो उत्तर प्रदेश के जनता ही ना बल्कि पूरे देश के साथे विश्व भर के देशन में मांग पूरा करे में सफल हो सकत बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ  आम महोत्सव 2023 के उद्घाटन करत कहलें कि यूपी के आम आज विश्व भर में पसंद काइल जात बा। मास्को दुबई अउर बहरीन एकर उदाहरण बा। अब यूरोप के बाजार  इंतजार कर रहल बा रउरा शॉर्टकट मत अपनाई अउर गुणवत्ता पs ध्यान देके डिमांड के हिसाब से ही प्रोडक्ट तइयार करी।

ऊ कहलें कि बीज से बाजार के दूरी कम करे खातिर सरकार सहयोग देवे के तइयार बिया। एकरा खातिर चार स्थानन पs पैकहाउस बनावल गइल बा। निर्यात में सुविधा देवे से कइयन  देश में नया बाजार बनल बा। अबे हाल ही में मास्को में उत्तर प्रदेश के आम हाथे-हाथ लिहल गइल । सीएम महोत्सव के दौउरान ही 12 टन आम बहरीन, एक टन दुबई अउर दु टन मास्को  खातिर रवाना भइल।

मुख्यमंत्री आम उत्पादक आ निर्यातन के कइलें सम्मानित
इन किसानन के कइलें सम्मानित सहारनपुर के राज सिंह, बुलंदशहर के राकेश त्यागी, बागपत के कृष्ण पाल सिंह, अमरोहा के योगेश्वर सिंह, प्रतापगढ़ के राकेश चंद्र बाराबंकी के शंभू नाथ, हरदोई के अंजय कुमार, सीतापुर के फहज फारूखी, मलिहाबाद के अरुण कुमार सिंह, वारा बीणसी के अनिल सिंह आ अमरोहा के किसान नदीम सिद्दीकी के सीएम सम्मानित कइलें। एह के अलवा बहरीन से लतेश भाटिया, कैप्टन अकरम बेग, रोशन लाल गुप्ता, मोहम्मद सोहेल, सबसे ज्यादा आम के प्रदर्शन करे वाला एससी शुक्ला अउर लुलु ग्रुप के जीजो जोस अलापट के सम्मानित कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]