[the_ad_group id="30365"]

Manan Kumar Mishra: के हऽ बिहार के मनन मिश्रा? BJP बनवलस राज्यसभा कैंडिडेट; 7 बेर BCI चेयरमैन बने के रिकॉर्ड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मनन कुमार मिश्रा के आपन राज्यसभा उम्मीदवार बना के भाजपा बिहार में बड़ दांव लगा देले बिया। मनन कुमार मिश्रा न्यायपालिका में एगो जानल मानल चेहरा हउवें। उनका लगे 7 बेर बीसीआई के चेयरमैन बने के रिकार्ड बा। मनन कुमार मिश्रा बिहार के गोपालगंज जिला के निवासी हउवें। प्रतिभा के मामला में उ बहुत लोग के पीछे छोड़ देले बाड़े। भाजपा उपेंद्र कुशवाहा के भी आपन राज्यसभा उम्मीदवार बनवले बिया।

भाजपा राज्यसभा उपचुनाव में मनन कुमार मिश्रा के टिकट देके बड़ दांव खेलले बिया। मनन कुमार मिश्रा देश के जानल मानल चेहरा हउवें। प्रतिभा के मामला में उऽ बहुत नेता के हरा देले। न्यायपालिका के क्षेत्र में उनकर बहुत बड़ उपलब्धि बा। बता दीं कि उपेंद्र कुशवाहा के नाम राज्यसभा के एक सीट खातिर एनडीए के ओर से पहिलही घोषणा हो चुकल बा।

मनन कुमार मिश्रा मूल रूप से गोपालगंज के रहे वाला हउवें

बता दीं कि मनन कुमार मिश्रा मूल रूप से बिहार के गोपालगंज जिला के कुचायकोट प्रखंड के तिवारी खरेया गाँव के रहे वाला हउवें। उनकर प्राथमिक शिक्षा गोपालगंज जिले में भइल रहे। अप्रैल 2012 में पहिला बेर बीसीआई के अध्यक्ष चुनल गइलन आ एकरा बाद अबले जीत के सिलसिला जारी बा।

मनन कुमार मिश्रा के नांवे बड़ रिकार्ड  

राज्यसभा उपचुनाव में बिहार से भाजपा के उम्मीदवार बनावल मनन कुमार मिश्रा के सात बेर भारतीय परिषद (बीसीआई) के अध्यक्ष चुने के रिकार्ड बा। फिलहाल उऽ बीसीआई के अध्यक्षो बाड़े। सुप्रीम कोर्ट में कानून के प्रैक्टिस करेले। मिश्रा अप्रैल 2012 में पहिला बेर बीसीआई के अध्यक्ष चुनल गइल रहले। तब से उऽ लगातार चुनाव जीतत रहलें। फिलहाल उनकर सातवां कार्यकाल चलता।

मनन कुमार मिश्र 1980 में पटना लॉ कॉलेज से लॉ के डिग्री लेले रहले।

मनन कुमार मिश्रा 1980 में पटना लॉ कॉलेज से लॉ के डिग्री लेले आ गोपालगंज सिविल कोर्ट में कानून के प्रैक्टिस करे लगले। उऽ अपना बैच के टॉपर आ स्वर्ण पदक विजेता रहल बाड़न। गोपालगंज में एक साल तक वकील के प्रैक्टिस कईला के बाद 1982 में पटना हाईकोर्ट में प्रैक्टिस शुरू कइले।

1989 में पहिला बेर बिहार राज्य बार काउंसिल के सदस्य बनले। एही बीच 2007 में उनका के सीनियर एडवोकेट बनावल गइल। 2010 में पहिला बेर बीसीआई में राज्य बार काउंसिल के प्रतिनिधि चुनल गइले। उऽ भाजपा में शामिल भइला के बाद पार्टी खातिर काम करत आइल बाड़े।

बिहार राज्य बार काउंसिल के अध्यक्ष रमाकांत शर्मा के संगे देश भर के अधिवक्ता लोग उनका के भाजपा के राज्यसभा उम्मीदवार बनावे पs बधाई देले बाड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]