Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दोस्त के घर में अचानक दाखिल भइल शख्स, ओकरी पत्नी के घसीट के ले गईल 5वां मंजिल पे, हमेशा खातीर चुप क देलस

599

 

ग्वालियर के गोला के मंदिर थाना क्षेत्र में सनसनी फैल गईल जब एगो महिला के एगो आदमी अपार्टमेंट के 5वीं मंजिल से नीचे फेंक दिहलस। अस्पताल में महिला के मौत हो गईल। छत से महिला के फेंके वाला आदमी ओकर पति के दोस्त ह। महिला के सास के शिकायत पे पुलिस आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज कईलस।

ग्वालियर : ग्वालियर में ट्रैवल कंपनी के संचालक अपना दोस्त के पत्नी के भयावह तरीका से हत्या क देलस। उ महिला के अपार्टमेंट के पांचवा मंजिल से नीचे फेंक देले। ए घटना में महिला गंभीर रूप से घाही हो गईल। परिजन घायल महिला के अस्पताल ले गईले। इहाँ डॉक्टर महिला के मृत घोषित क दिहल गईल। घटना के कारण फिलहाल साफ नईखे। मरेवाला के सास के शिकायत पे पुलिस हत्या समेत अवुरी धारा के तहत आरोपी के खिलाफ मामला दर्ज करवले बिया। फिलहाल आरोपी फरार बा।

गोला के मंदिर थाना क्षेत्र के सत्य साईं अपार्टमेंट में की घटना ह। इहाँ रहे वाला ट्रैवल डायरेक्टर बृजेन्द्र परिहार के पत्नी मंजू के 18 अप्रैल के अस्पताल में निधन हो गईल। बतावल जाता कि मंजू के पति शहर से बहरी चल गईल रहले। एही बीच पति के दोस्त गुड्डू शर्मा घर में घुस के कवनो मुद्दा पे मंजू के बेरहमी से पीटे लगले। मंजू के पति बृजेन्द्र के कहनाम बा कि एकरा बाद गुड्डू हमरी पत्नी के लिफ्ट से लेके अपार्टमेंट के पांचवा मंजिल पे पहुंच गईले। इहाँ उ पहिले मंजू के लाठी से पीटले आ फेर छत से नीचे फेंक देले। एह दौरान मंजू के सास मिथलेश घर में मौजूद रहली। बृजेन्द्र के आरोप बा कि गुड्डू हमरी महतारी मिथलेश के संगे भी मारपीट कईले बाड़े।

इलाका में सनसनी फइल गइल

ए घटना के बाद इलाका में सनसनी फैल गईल। जसही सूचना मिलल कि महिला के छत से फेंक के हत्या क दिहल गईल, पुलिस अस्पताल आ मौका पे पहुंच गईल। स्पॉट यानी अपार्टमेंट के दूसरा मंजिल। इहाँ मंजू के फ्लैट बा। पुलिस के एही पे ताला लटकल मिलल। एकरा बाद पुलिस जयरोग्य अस्पताल पहुंच के मामला के जांच में शामिल हो गईल। घटना के 16 घंटा बाद भी हत्या के कारण के खुलासा नईखे भईल।

आरोपी एगो ट्रैवल कंपनी भी चलावेला

मंजू के पति के आरोप बा कि घटना के बाद आरोपी गुड्डू शर्मा मौका से फरार हो गईले। बतावल जाता कि आरोपी एगो ट्रैवल कंपनी भी चलावेले। फिलहाल पुलिस मंजू के लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया। सास मिथलेश के शिकायत पे पुलिस आरोपी गुड्डू शर्मा के खिलाफ हत्या आ एससीएसटी जाति कानून के धारा के तहत मामला दर्ज क के खोजबीन शुरू क देलस।

साभार- अमर उजाला

 

522620cookie-checkदोस्त के घर में अचानक दाखिल भइल शख्स, ओकरी पत्नी के घसीट के ले गईल 5वां मंजिल पे, हमेशा खातीर चुप क देलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.