[the_ad_group id="30365"]

कार में बग्गी के पहिए लगाके, पहिले सीधा आ ओकरा बाद उल्टा दउड़वलस गाड़ी, लोग बोलले- भयंकर SUV बनवले बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गजब के मोडिफिकेशन कार : बदलत समय के संगे ए कार के संगे बहुत प्रकार के बदलाव देखाई देता, लेकिन हाल में सोशल मीडिया पs एगो मोडिफाइड कार के वीडियो वायरल होखत देख के आप हैरान होखब, जवना के बीच में कवनो आदमी के गाड़ी चलावत देखाई देत सड़क पs आ रहल बा। हैरानी के बात इ बा कि ए गाड़ी में बग्गी पहिया लागल बा, जवना के आदमी पहिले सीधा अवुरी ओकरा बाद रिवर्स चलावत देखाई देता।

वीडियो में ए मोडिफाइड कार चलावे वाला के कारनामा देख के आप भी हैरान होखब। ई वीडियो सोशल मीडिया प्लेटफार्म पs शेयर कइल गइल बा ई वीडियो 24 लाख लोग देखले बा, जबकि 19 हजार से अधिका लोग ई वीडियो पसंद कइले बा।

 

गाड़ी से जुड़ल बग्गी के पहिया

14 नवंबर के शेयर भईल ए वीडियो में देखल जा सकता कि कइसे एगो आदमी टेस्ला में 10 फीट के बड़ पहिया लगा देलस। एतने ना, उ आदमी गाड़ी के उल्टा चलावत भी देखवले बा। वीडियो के शुरुआत में रउआ एगो सफेद रंग के गाड़ी देखाई दिही, जवना में बड़-बड़ बग्गी पहिया लगावल गईल बा, जवन कि कच्चा अवुरी समतल सड़क पs बहुत तेजी से चलत देखाई देता। मात्र 17 सेकंड के एह वीडियो पs यूजर कई तरह के टिप्पणी कर रहल बाड़े। एगो यूजर लिखले बाड़न कि ‘वाह, ई बहुते बढ़िया बा.’ एगो अवुरी यूजर लिखले कि, ‘ईमानदारी से हम एकरा से हैरान बानी।’ तीसरा यूजर लिखले कि, ‘अजीब लागता कि केहु गाड़ी में बग्गी के पहिया तक लगा सकता।’

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]