[the_ad_group id="30365"]

जन्मदिन पs केक लाए में भइल देरी, गुस्साइल पति बेटा आ पत्नी पs चाकू से कइलस हमला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

शहर में एगो चौंकावे वाला मामला सोझा आईल बा, जवना में एगो आदमी अपना पत्नी अवुरी बेटा के चाकू से हमला कs देलस। जन्मदिन के दिन केक ले आवे में देरी से आरोपी नाराज होके दुनों पs हमला कs देले। पूरा मामला साकीनाका इलाका के बा। बतावल जाता कि जन्मदिन पs केक ले आवे में देरी से नाराज पति अपना पत्नी अवुरी बेटा के चाकू से हमला कs देले। एs हमला में दुनो लोग घाही हो गईले। सोमार के एगो पुलिस अधिकारी एs घटना के जानकारी देले।

जन्मदिन 1 जून के रहे

साकीनाका थाना के अधिकारी के मुताबिक आरोपी के पहचान राजेंद्र शिंदे के रूप में भईल बा अवुरी ओकरा खिलाफ हत्या के प्रयास के मामिला दर्ज भईल बा। उs बतवले कि अतवार के घटना के बाद से उs फरार बाड़े। अधिकारी बतवले कि राजेंद्र शिंदे के जन्मदिन 1 जून शनिचर के रहे। बाकिर उनकर मेहरारू ओह दिन केक ना ले आ पवली काहे कि उनका अपना काम के जगह से देर से निकले के पड़ल रहे. अगिला दिने रात के 12.15 बजे केक लेके अइली। उ बतवले कि जन्मदिन के केक ले आवे में देरी से नाराज राजेंद्र शिंदे अपना पत्नी से बहस कईले अवुरी गारी-गलौज कईले।

बेटा के बचावे आइल पत्नी पs हमला

उs आगे बतवले कि जब दंपति के बेटा हस्तक्षेप करे के कोशिश कईलस तs राजेंद्र शिंदे खिसिया के उनुका पसलियन के नीचे अवुरी छाती पs चाकू से वार कs देले। अधिकारी बतवले कि जब रंजना शिंदे अपना बेटा के बचावे के कोशिश कईली तs राजेंद्र शिंदे अपना पत्नी के कलाई पs चाकू से वार कs देले। उs बतवले कि एs हमला में दुनो लोग घाही हो गईल बाड़े। जेकरा बाद ओ लोग के पास के अस्पताल में भर्ती करावल गईल, जहां रंजना के इलाज के बाद छुट्टी दे दिहल गईल जबकि उनुकर बेटा के इलाज घाटकोपर के राजावाड़ी अस्पताल में चलता।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]