[the_ad_group id="30365"]

Plane Crash : बारामती प्लेन हादसा के जांच होखे के चाहीं, अजित पवार के निधन पs ममता बनर्जी के बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी बुध के सबेरे महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री अजित पवार के विमान हादसा में निधन पs गहिराह शोक जतवले बाड़ी। ममता बनर्जी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ‘एक्स’ पs लिखली कि, “अजित पवार के अचानक निधन से हमनी के बहुत सदमा में बानी।”

ममता कहलीं कि आज सबेरे महाराष्ट्र के बारामती में भइल भयावह विमान हादसा में उपमुख्यमंत्री अजित पवार आ उनका संगे सफर करत लोग के मौत हो गइल, जवन बहुते दुखद बा। ऊ कहली कि दिवंगत अजित पवार के परिवार, उनकर चाचा शरद पवार, आ दोस्त-सपोर्टर सब केहू के प्रति उनकर गहिराह संवेदना बा।

हादसा के जांच के मांग

सीएम ममता बनर्जी एह घटना के ठीक से जांच करावे के मांग कइली। बता दीं कि महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री अजित पवार के चार्टर विमान आज सबेरे बारामती एयरपोर्ट पs लैंडिंग के दौरान हादसा के शिकार हो गइल। एह दुर्घटना में अजित पवार सहित दूगो पायलट आ विमान में सवार कुल पांच लोगन के मवके पs मौत हो गइल।

DGCA का कहलस?

नागरिक उड्डयन महानिदेशालय (DGCA) के अधिकारियन के एगो टीम हादसास्थल खातिर रवाना हो गइल बिया। DGCA के मोताबिक, Learjet 45 विमान में कुल पांच लोग सवार रहे। एकरा में महाराष्ट्र के उपमुख्यमंत्री अजित पवार, दू गो स्टाफ (एगो PSO आ एx अटेंडेंट) आ दू गो क्रू मेंबर (पायलट-इन-कमांड आ फर्स्ट ऑफिसर) सामिल रहलें। DGCA अधिकारी बतवलें कि सुरुआती जानकारी के हिसाब से हादसा में सवार कवनो व्यक्ति जिंदा ना बच सकल।

Read Also: Jharkhand Nikay Chunav 2026 : निकाय चुनाव में ईवीएम के ‘बाय-बाय’, 18 बरिस बाद फेर लउटी बैलेट पेपर के दौर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]