Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

BBC पs IT रेड के ममता बतवली दुर्भाग्यपूर्ण, कहली -ई राजनीतिक प्रतिशोध

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी बीबीसी के दिल्ली कार्यालय पs आईटी रेड के लेके केंद्र सरकार पs निशाना सधलें। ऊ रेड के दुर्भाग्यपूर्ण करार देत कहलें कि ई राजनीतिक प्रतिशोेध बा।

477

पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री ममता बनर्जी बीबीसी पs आईटी रेड के दुर्भाग्यपूर्ण करार देले बाड़ी आ एकरा के राजनीतिक प्रतिशोध करार देले बाड़ी। सीएम ममता बनर्जी बुध के विधानसभा में राज्य बजट पेश कइल गइला के बाद विधानसभा परिसर में संवाददाता लोगन के सवाल के जवाब देत ई बात कहलीं। सीएम ममता बनर्जी कहली कि उनका लागत बा कि ई वांछनीय ना रहे। जदि बीबीसी कुछ गलत कइले बा, तs ऊ ओकर समर्थन नइखी करत, बाकिर उनका नइखे लागत कि अइसन कुछ भइल बा। ऊ कहली कि ऊ लोग बीबीसी के काहे चुनले बा।

ममता बनर्जी कहली कि ऊ कवनो अनैतिक चीज के समर्थन नइखी करत। ऊ ई नइखी मानत कि बीबीसी सरकार के खिलाफ कुछ कर रहल बिया। एह तरे के कार्रवाई कइल गइल बा। ई दुर्भाग्यपूर्ण बा।

बीबीसी पs आईटी सर्वे के ममता बतवली दुर्भाग्यपूर्ण

ममता बनर्जी कहली, “ई बहुते दुर्भाग्यपूर्ण बा। बीजेपी राजनीतिक बदला के भावना से सरकार चला रहल बिया। ई ना खाली प्रेस के स्वतंत्रता के प्रभावित कर रहल बा। देस में कवनो मीडिया ना बची। मीडिया पहिलही से उनका द्वारा नियंत्रित बा। मीडिया आपन आवाज नइखे उठा सकत। जदि केहू आवाज उठावत बा, तs ओकरा के नौकरी से निकाल दिहल जात बा।” बता दीं कि दिल्ली इस्थित बीबीसी कार्यालय पs मंगर से सर्वे चल रहल बा। विरोधी दल एकरा खिलाफ आवाज उठवले बा। कांग्रेस सहित लगभग सब विरोधी दल एकर आलोचना कइले बा लो। ई पहिला बा अवसर बा कि सीएम ममता बनर्जी बीबीसी पs आईटी सर्वे के लेके आपन मुंह खोलले बा।

देस में मीडिया के कंट्रोल कर रहल बिया सरकार

ममता बनर्जी कहली कि प्रेस के स्वतंत्रता नइखे। एह देस में कवनो मीडिया नइखे मीडिया उनका द्वारा नियंत्रित नइखे। जदि ऊ आवाज उठाई। तs 24 घंटा के अंदर प्रबंधन ओकर गला दबा दी। ऊ कहलली कि उ बीबीसी के काहे चुनलस? चूंकि बीबीसी एह सरकार के समर्थन नइखे कर रहल। एही से ओकरा खिलाफ डेग उठावल गइल बा।

Anti-India Slogans: कनाडा में राम मंदिर पs भारत-विरोधी नारा, दूतावास के रिएक्शन- दोषियन पs होखे तत्काल कार्रवाई

 

462320cookie-checkBBC पs IT रेड के ममता बतवली दुर्भाग्यपूर्ण, कहली -ई राजनीतिक प्रतिशोध

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.