[the_ad_group id="30365"]

मल्लिकार्जुन खरगे देले धमकी! प्रेस कॉन्फ्रेंस में राहुल गांधी बतवले; जानीं का बा पूरा मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

10 साल बाद कांग्रेस लोकसभा में आपन विपक्ष के नेता बनावे जा रहल बिया। कांग्रेस वर्किंग कमेटी (CWC) के बइठक में राहुल गांधी के विपक्ष के नेता बनावे के बात कहल गइल बा। सोमार के एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान राहुल गांधी बतवले कि बात ना मानला पs कांग्रेस अध्यक्ष धमकी देले। हालांकि ई बात मजकिया भाव में कहल गइल।

10 साल बाद कांग्रेस लोकसभा में आपन विपक्ष के नेता बनावे जा रहल बिया। कांग्रेस वर्किंग कमेटी (CWC) के बइठक में राहुल गांधी के विपक्ष के नेता बनावे के बात कहल गइल बा। सोमार के एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस के दौरान राहुल गांधी बतवले कि बात ना मानला पs कांग्रेस अध्यक्ष धमकी देले। हालांकि ई बात मजकिया भाव में कहल गइल।राहुल गांधी के ई अंदाज लोगन के खूब पंसदो आ रहल बा।

ई हऽ पूरा मामला

दरअसल, सोमार के कांग्रेस राहुल गांधी के वायनाड लोकसभा सीट छोड़े के एलान कइलस। पार्टी अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे जानकारी देले कि वायनाड से प्रियंका गांधी लोकसभा चुनाव लड़िहें। राहुल गांधी आपन परंपरागत सीट रायबरेली से सांसद बनल रहिहें। एही दौरान प्रेस कॉन्फ्रेंस में एगो रिपोर्टर कांग्रेस अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खरगे से पूछले कि रउआ कहले रही कि जदि राहुल गांधी बात ना मनिहें तऽ उनका पs अनुशासनात्मक कार्रवाई कइल जाई। का ई राउर बात मान रहल बाड़े?

रिपोर्ट के सवाल पs मल्लिकार्जुन खरगे कहले कि ई आगे के बात हऽ। बाकिर एही बीच मुस्कुरात राहुल गांधी कहले कि धमकी तऽ मिलल बा। कांग्रेस अध्यक्ष हमरा के धमकी देले बाड़न। एकरा बाद राहुल गांधी, मल्लिकार्जुन खरगे, प्रियंका गांधी आ केसी वेणुगोपाल हंसे लगले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]