[the_ad_group id="30365"]

Maldives: राष्ट्रपति इब्राहिम मोहम्मद सोलिह जीतलें पार्टी के प्राथमिक चुनाव, सितंबर में दोबारा ठोकिहें ताल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मालदीव के राष्ट्रपति इब्राहिम मोहम्मद सोलिह सत्तारूढ़ मालदीवियन डेमोक्रेटिक पार्टी के राष्ट्रपति प्राथमिक चुनाव जीत लेले बाड़ें। ऊ चुनाव में अपना प्रतिद्वंदी आ संसद के स्पीकर मोहम्मद नशीद के हरवलें। नशीद मालदीव के पूर्व राष्ट्रपति रह चुकल बाड़ें।

अइसन पहिला बेर बा कि कवनो पदाधिकारी के पार्टी के प्राथमिक चुनाव के सामना करे के पड़ल। अब मोहम्मद सोलिह सितंबर में होखे वाला राष्ट्रपति पद खातिर चुनाव में दोबारा लड़ते नजर अइहें।

2018 में बनल रहलें पार्टी उम्मीदवार

वर्तमान राष्ट्रपति मोहम्मद सोलिह के 2018 में पार्टी मोहम्मद नशीद के स्थान पs राष्ट्रपति पद के उम्मदीवार नामित कइले रहे, काहेकि नशीद जेल के सजा के कारण पांच साल खातिर अयोग्य हो गइल रहस। नशीद 30 साल के निरंकुशता के बाद मालदीव के एगो बहुदलीय लोकतंत्र में बदले में महत्वपूर्ण भूमिका निभवले रहस।

उनका के सुन्नी मुस्लिम राष्ट्र में उदार आ पश्चिमी विचारन के समर्थक के तौर पs मानल जाला। 2021 में उनका पs जानलेवा हमला तक कइल जा चुकल बा।

2008 में राष्ट्रपति चुनल गइल रहस नशीद

2008 में देश के पहिला बहुदलीय चुनाव में नशीद देश के राष्ट्रपति चुनल गइल रहे। हालांकि, विरोध के कारण 2012 में उनका इस्तीफा देवे के पड़ल रहे। 2013 में ऊ दोबारा चुनाव के खातिर खड़ा भइलें, बाकिर हार गइलें। एकरा पांच साल बाद ऊ चुनाव लड़े खातिर अयोग्य घोषित कs दिहल गइल रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]