रेसपी: गर्मी में ई स्वादिष्ट लस्सी बनाईं, जवना से रउरा राहत मिली

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 17, 2023

 रेसपी: गर्मी में ई स्वादिष्ट लस्सी बनाईं, जवना से रउरा राहत मिली एह गर्मी के मौसम में लस्सी से बढ़िया कुछुओ नईखे हो सकत, त हमनी के हर बेर उहे लस्सी काहे बनाईं, अबकी बेर

Share

 रेसपी: गर्मी में ई स्वादिष्ट लस्सी बनाईं, जवना से रउरा राहत मिली

एह गर्मी के मौसम में लस्सी से बढ़िया कुछुओ नईखे हो सकत, त हमनी के हर बेर उहे लस्सी काहे बनाईं, अबकी बेर लस्सी में एगो नया ट्विस्ट लेके काजू के स्वादिष्ट स्वाद से लस्सी बनाईं।

 

आवश्यक सामग्री

•काजू = 6 बारीक कटल

•दही= दो कप

•चीनी= एक बडहन चम्मच

•पानी = जरूरत के हिसाब से

•आइस क्यूब = 5

•सजावे खातिर- 2 काजू, कटल

 

विधि

काजू के लस्सी बनावे खातिर पहिले एगो जार में दही , बारीक कटल काजू, चीनी , पानी, आ बर्फ के टुकड़ा पीस के मोट घोल बना के तइयार करीं।

ध्यान रहे कि लस्सी ना त ढेर पातर होखे के चाहीं ना ढेर मोट, अब राउर काजू के लस्सी तइयार हो गइल बा, गिलास में निकाल के काजू के टुकड़ा से सजा के परोस के पी सकेनी|

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.