[the_ad_group id="30365"]

बड़ रेल हादसा टलल: 6 इंच में टूटल रहे पटरी, आनन फानन में रोकल गयी 05253 मुज्जफरपुर-पाटलिपुत्र मेमो ट्रेन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के मुजफ्फरपुर में अतवार का दिने एगो बड़हन ट्रेन हादसा टल गईल। इ हादसा मुजफ्फरपुर हाजीपुर रेलखंड के तुर्की एक रामदयालू के बीच हो सकत रहे। एह खंड पs मधौल का लगे रेलवे ट्रैक में करीब छव इंच दरार पड़ गईल रहे। इ जानकारी मॉनिटरिंग ट्रैक मैन के मिलल रहे। इ जानकारी उ स्टेशन मास्टर रामदयालू, स्टेशन अधीक्षक, कंट्रोल रूम के देले। एही बीच 05253 मुजफ्फरपुर पाटलीपुत्र मेमो यात्री ट्रेन आवत रहे। कंट्रोल रूम से ट्रेन के लोकोपायलट के जानकारी दिहल गईल। एकरा बाद उ आनन-फानन में ट्रेन के रोक देले।

ट्रैक मैन के समझदारी से एगो बड़ घटना होखे से बचावल गईल। इहाँ अचानक ट्रेन रुकला के चलते सवारियन में डर रहे। एकरा चलते ट्रेन करीब दु घंटा तक रोक दिहल गईल। ट्रेन के सबेरे 8:25 से 10:30 बजे तक रोक दिहल गईल। कुछ समय बाद इंजीनियरिंग विभाग आ रेलवे के अधिकारियन के संगे-संगे जवान मौका पs पहुंचले। फिश प्लेट लगा के रेलवे ट्रैक के मरम्मत कईल गईल।

एकरा बाद मेमो पैसेंजर ट्रेन खोलल गईल| तपत घाम आ गर्मी में यात्री परेशान रहले। अचानक ट्रेन रुकला के चलते यात्री लोग में डर आ भय के माहौल बन गईल रहे। ट्रेन से उतरला के बाद यात्री लोग के एह बारे में जानकारी मिलल। तपत गर्मी में यात्री लोग के बहुत परेसानी के सामना करे के पड़ल।

कुधनी स्टेशन रोड निवासी डॉक्टर मोहन प्रसाद बतवले कि मधौल में पटरी में दरार पड़ गईल बा। जवना के चलते ड्राइवर ट्रेन के रोक देले। एगो बड़हन दुर्घटना से बचल गइल। करीब दु घंटा तक ट्रेन रुकल रहल। एकरा चलते यात्रियन के बहुते परेशानी भईल। खास कs के गरमी में लोग पानी पीये के चिंता में रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]