Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जेपीएससी के संशोधित परिणाम के कारण नौकरी के संकट से जूझ रहल 60 अधिकारियन के मिलल बड़ राहत; सुप्रीम कोर्ट निरस्त कइलस झारखंड हाई कोर्ट के फसीला

एकल पीठ क्वालीफाइंग मार्क्स के कुल प्राप्तांक में जोड़ल जाए के गलत बतावत संशोधित रिजल्ट जारी करे के निरदेस देले रहे। जवना के खंडपीठो सही मनले रहे। संशोधित परिणाम से 60 अधिकारी मेरिट सूची से बाहर हो गइल रहले।

248

नई दिल्ली: झारखंड हाई कोर्ट के आदेश के सुप्रीम कोर्ट के निरस्त कs देले बा सुप्रीम कोर्ट से ओह 60 अधिकारियन के राहत मिलल बा जेकरा संशोधित परिणाम के चलते बाहर होखे के पड़ल रहे। सुप्रीम कोर्ट जेपीएससी के पहिला परिणाम आ अनुशंसा के सही मनले बा माने 326 अभ्यर्थियन के नियुक्ति सही बा।

एकल पीठ क्वालीफाइंग मार्क्स के कुल प्राप्तांक में जोड़े जाए के गलत बतावत संशोधित रिजल्ट जारी करे के निरदेस देले रहे। जवन्त के खंडपीठो सही मनले रहे। संशोधित परिणाम से 60 अधिकारी मेरिट सूची से बाहर हो गइल रहले। जवना लोगन के नौकरी खतरा में आ गइल रहे, इहे लोग सुप्रीम कोर्ट में याचिका दाखिल कs के हाईकोर्ट के आदेश के चुनौती देले रहे।

313430cookie-checkजेपीएससी के संशोधित परिणाम के कारण नौकरी के संकट से जूझ रहल 60 अधिकारियन के मिलल बड़ राहत; सुप्रीम कोर्ट निरस्त कइलस झारखंड हाई कोर्ट के फसीला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.