Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आंध्र प्रदेश में दु ट्रेन के टक्कर में 6 लोगन के मउत, 18 घायल

आंध्र प्रदेश में एगो बड़हन ट्रेन दुर्घटना हो गइल बा। एह हादसा में दू गो ट्रेन के टक्कर हो चुकल बा। एह टक्कर के चलते सवारी गाड़ी भी पटरी से उतर गईल। ए घटना में मरेवाला के संख्या बढ़ सकता। बहुत लोग के घायल होखे के खबर भी बा।

586

 

विशाखापट्टनम : आंध्र प्रदेश में एगो बड़ ट्रेन दुर्घटना हो गईल बा। इहाँ दुगो ट्रेन के बीच टक्कर भईल बा, जवना के चलते सवारी गाड़ी पटरी से उतर गईल। एह हादसा में 8 लोग के मउत हो गइल बा आ 32 लोग घायल हो गइल बा। पटरी से उतरल पैसेंजर ट्रेन विशाखापट्टनम से रायगडा जात रहे।

एह मामिला पs कलेक्टर एस. फिलहाल बचाव दल के पता चलल बा कि 8 यात्री के मउत हो गईल बा अवुरी 32 लोग घाही बाड़े। घाही लोग के विशाखापत्तनम आ विजयनगरम जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। कलेक्टर आ एसपी एम. दीपिका आ मंत्री बोत्सा सत्यनारायण मउका पs पहुँच के बचाव कार्य पs नजर राखत बाड़े।

पूरा बात का बा?

विशाखा से पलासा जाए वाली एगो विशेष यात्री ट्रेन के सिग्नल ना मिलला के चलते कोथावलसा मंडल के अलमंदा-कंटाकापल्ली में पटरी पs रोकल गईल। एकरा संगे ओकरा पीछे आवत विशाखा-रायगड़ा ट्रेन सवारी गाड़ी से टकरा गईल।

रेलवे बोर्ड ग्रुप में डीआरएम सौरभ प्रसाद ट्रेन दुर्घटना के बारे में जानकारी देले। पटरी से उतरे के घटना के ब्यौरा जुटावल जा रहल बा। डीआरएम बतवले कि बचाव दल तुरंत मौका पs रवाना हो गईल बा। एह हादसा में 3 गो कोच पटरी से उतर गइल बा।

ए घटना में एक आदमी के मौत हो गईल अवुरी कई लोग घाही हो गईले। ट्रेन के टक्कर के चलते मौका पs बिजली के तार टूट गईल। एकरा चलते पूरा इलाका अन्हार हो गईल। अन्हार के चलते बचाव कार्य में भी समस्या के सामना करे के पड़ता। मरे वालन के गिनिती बढ़े के उमेद बा। घटना स्थल पs हालात गंभीर बनल बा।

विशाखापत्तनम रेलवे स्टेशन पs हेल्पलाइन नंबर

रेलवे नंबर-

83003

83004

83005

83006

BSNL नंबर-

08912746330

08912744619

एयरटेल नंबर-

8106053051

8106053052

BSNL

8500041670

8500041671

मुआवजा के एलान

केंद्रीय रेल मंत्री मुख्यमंत्री से फोन पs बात कईले। सीएम रेल मंत्री के ट्रेन दुर्घटना पीड़ित के मदद खातीर उठावल कदम के बारे में जानकारी देले। मरे वालन के दस लाख आ गंभीर रूप से घायल लोग के दू लाख रुपिया के मुआवजा देबे के एलान कइल गइल बा. अगर दोसरा राज्य के लोग मर गइल तs ओह लोग के परिवार के बीस हजार रुपिया मिल जाई। गंभीर रूप से घायल लोग के 50 हजार रुपिया दिहल जाई। सीएम अधिकारी के आदेश देले बाड़े।

 

 

 

671780cookie-checkआंध्र प्रदेश में दु ट्रेन के टक्कर में 6 लोगन के मउत, 18 घायल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.