[the_ad_group id="30365"]

ग्रेटर नोएडा में बड़ वारदात, गृह मंत्रालय के रिटायर्ड अधिकारी के दिनदहाड़े भइल हत्या, बेंच पs मिलल शव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के ग्रेटर नोएडा से एगो बड़ घटना सोझा आईल बा। गृह मंत्रालय के एगो सेवानिवृत्त अधिकारी के दिनदहाड़े गोली मार के हत्या कs दिहल गईल। मरेवाला ‘स्टेलर जीवन सोसाइटी’ के सोझा पार्क में टहले गईल रहले। पुलिस मरेवाला के लाश के अपना हिरासत में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देले बिया। मामला बिसरख कोतवाली इलाका के बा। दिनदहाड़े भईल हत्या के चलते इलाका में दहशत के माहौल बा।

जानकारी के मुताबिक, ग्रीन बेल्ट में एगो बेंच पs बुढ़ के लाश मिलल बा। सूचना मिलला के बाद पुलिस मौका पs पहुंच के लाश के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस। पुलिस मौका के नजदीक लगावल सीसीटीवी कैमरा के मदद से हत्यारा के तलाश में जुटल बिया। बिसरख कोतवाली इलाका के ग्रेटर नोएडा पश्चिम में जीवन स्टेलर हाउसिंग सोसाइटी के सामने ग्रीन बेल्ट में 68 साल के एगो आदमी के गोली मार के हत्या करे के जानकारी पुलिस के मिलल।

जानकारी मिलला के बाद पुलिस के शीर्ष अधिकारी मौका पs पहुंचले। बतावल जाता कि वृद्ध के नाम हरि प्रकाश हs अवुरी उs जीवन स्टेलर हाउसिंग सोसाइटी में रहत रहले। बड़का गृह मंत्रालय से सेवानिवृत्त हो गइल रहले. डीसीपी सेंट्रल जोन सुनीति भी मौक़ा पs पहुँची। मरेवाला के पहचान के बाद पीड़िता के परिवार के सूचना दिहल गईल।

ग्रीन बेल्ट पार्क में बेंच पs मिलल शव

पुलिस कानूनी कार्रवाई करत लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज देलस। एs मामला के बारे में डीसीपी सुनीती के कहनाम बा कि हमनी के ग्रीन बेल्ट पार्क में एगो बेंच पs लाश मिलल। पुलिस जांच में जुटल बिया। मरेवाला के माथा पs घाव के निशान रहे। पास के लोग से पूछताछ हो रहल बा। सीसीटीवी कैमरा के भी जाँच कइल जा रहल बा

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]