[the_ad_group id="30365"]

जम्मू-कश्मीर में बड़ हादसा, यात्री कैब के खाई में गिरले से 10 लोगन के मउत के खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जम्मू कश्मीर से बड़ हादसा के खबर सामने आ रहल बा। जानकारी के मुताबिक जम्मू से श्रीनगर जात एगो पैसेंजर कैब के रामबन इलाका में दुर्घटना हो गईल। रामबन इलाका के बैटरी चश्मा के लगे जम्मू श्रीनगर राष्ट्रीय राजमार्ग पs कैब गहिरा खाई में गिर गइल। पुलिस, एसडीआरएफ अवुरी सिविल क्यूआरटी रामबन मउका पs पहुंचल लेकिन इलाका में गहिराह खाई, अन्हार अवुरी बरखा के चलते बचाव अभियान शुरू करे में परेशानी होखता।

10 लोगन के मउत के आशंका

रामबन इलाका में भईल एs बड़ दुर्घटना में कैब में सवार बहुत यात्री के मउत के आशंका बा। अगर रिपोर्ट पs विश्वास कइल जाव तs जम्मू-श्रीनगर राष्ट्रीय राजमार्ग पs रामबन जिला के बैटरी चश्मा इलाका में दुर्घटना स्थल से दस गो शव बरामद होखे के खबर बा।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]