[the_ad_group id="30365"]

देवरिया में हादसा: गिट्टी लदल अनियंत्रित ट्राला बिजली के पोल तुड़ के घर में घुसल, दरक गइल मकान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया जिला में तरकुलवा थाना क्षेत्र के रामपुर खास कस्बा में अतवार के देर रात में देवरिया-कसया मार्ग पs गिट्टी लदल अनियंत्रित ट्राला बिजली के पोल से टकरइला के बाद घर में घुस गइल। एसे मकान दरक गइल आ बरामदा में रखल गइल मारुती कार क्षतिग्रस्त हो गइल। हादसा में लाखन के क्षति के अनुमान बा।

घटना के बाद कसया-देवरिया मार्ग पs एक घंटा खातिर आवागमन बाधित हो गइल। मवका पs पहुंचल पुलिस बिजली के सप्लाई बंद करवलस, तब जाके आवागमन सुरू भइल। देर रात में हादसा होखला के चलते उहां लोग ना रहे आ बड़ हादसा होत-होत टलल।

अतवार के रात एक बजे के करीब देवरिया के तरफ से एगो ट्राला गिट्टी लोड कs के कसया के तरफ जात रहे। अभी गढ़रामपुर कस्बा में पहुंचले रहे कि अनियंत्रित होके नवतपी इंटर कॉलेज से सटल एगो विद्युत पोल के तुड़के बैजनाथ जायसवाल के घर में घुस गइल। जवना से घर के बरामदा में रखल मारुति कार क्षतिग्रस्त हो गइल। मकान में कइयन जगह देवाल दरक गइल।

ट्रक के बिजली के पोल से टकरइला के चलते अगल-बगल के बिजली के तीन गो खंभा क्षतिग्रस्त हो गइल आ एलटी बिजली के तार टूटके जमीन पs गिर गइल। गनीमत रहे कि हादसा के बेरा उहां केहू मवजूद ना रहे ना तs बड़ हादसा हो सकत रहे।

बिजली के पोल आ तारन के टूटके गिरला से कसया-देवरिया मार्ग एक घंटा खातिर बाधित हो गइल। मवका पs पहुंचल पुलिस आपूर्ति ठप कs के आवागमन सुरु करवलस। घटना के अंजाम देला के बाद अन्हार के फायदा उठाके चालक फरार हो गइल।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]