सोनपुर मेला में आज मैथिली ठाकुर के प्रस्तुति, लोगन से कार्यक्रम में पहुंचे के अपील

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2024

छपरा के हरिहर क्षेत्र में आयोजित प्रसिद्ध सोनपुर मेला में आज सांझ भोजपुरी आ मैथिली के लोकप्रिय गायिका मैथिली ठाकुर अपना प्रस्तुतियन से श्रोता लोगन के मंत्रमुग्ध करिहें। पर्यटन विभाग के ओर से तइयार मुख्य

Share

छपरा के हरिहर क्षेत्र में आयोजित प्रसिद्ध सोनपुर मेला में आज सांझ भोजपुरी आ मैथिली के लोकप्रिय गायिका मैथिली ठाकुर अपना प्रस्तुतियन से श्रोता लोगन के मंत्रमुग्ध करिहें। पर्यटन विभाग के ओर से तइयार मुख्य पंडाल में उनका भजनन आ गीतन के सुने खातिर बड़ भीड़ उमड़े के उम्मेद बा।

पिछलका बरिस में मैथिली ठाकुर अपना बेहतरीन प्रस्तुति से श्रोता लोगन के दिल जीतले रहली। ऊ देवी भगवती के स्तुति से सुरुआत कइले रहली आ महिषासुर मर्दिनी स्त्रोत, शिव तांडव आ रामायण के भजन प्रस्तुत कइले रहली। एकरा अलावे “दमादम मस्त कलंदर,” “छाप तिलक स छीनी रे,” आ “मेरे रस्मे कमर” जइसन लोकप्रिय गीतन से माहौल के संगीतमय बना देले रहली। लाखन लोगन के भीड़ उनका प्रस्तुति के आनंद लेले रहे।

सोनपुर मेला, जे धार्मिक आ सांस्कृतिक आयोजन खातिर प्रसिद्ध बा, में पर्यटन विभाग रोज अलग-अलग कलाकारन के ओर से रंगारंग कार्यक्रम आयोजित कs रहल बा। मेला उद्घाटन के बाद से इहां के रौनक लगातार बढ़ रहल बा। देस-बिदेस से आइल पर्यटक मेला के आनंद ले रहल बा लो। आज मैथिली ठाकुर के प्रस्तुति के लेके श्रोता लोगन में जबरदस्त उत्साह बा, आ बड़ संख्या में लोग उनकर सुरीली आवाज के आनंद लेवे खातिर पहुंची लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.