[the_ad_group id="30365"]

कैलिफोर्निया से पकड़ल गइल गैंगस्टर गोल्डी बराड़, मूसेवाला के मारे के रचले रहे साजिश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाबी सिंगर सिद्धू मूसेवाला के हत्या के साजिशकर्ता गोल्डी बराड़ के पकड़ल जाये के खबर बा। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, गोल्डी बराड़ के कौलिफोर्निया से हिरासत में लिहल गइल बा। भारतीय खुफिया एजेंसी के ई जानकारी मिलल बा कि 20 नवंबरे के गोल्डी बराड़ के हिरासत में लिहल गइल। ऊ अपन ठीकाना कैलिफोर्निया के सैक्रामेंमटो के बनवले रहे।

सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड में गैंगस्टर गोल्डी बराड़ के नाम चरचा में आइल रहें। हालांकि ऊ भारत से बाहर रहके इहां कइयन घटनन के साजिश रचले बा। हालांकि गोल्डी बराड़ के पकड़ल गइला के लेके अभी ले अधिकारिक बयान सामने नइखे आइल, ना कैलिफोर्निया के तरफ से भारत सरकार के अधिकारिक जानकारी मिलल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]