Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कैलिफोर्निया से पकड़ल गइल गैंगस्टर गोल्डी बराड़, मूसेवाला के मारे के रचले रहे साजिश

503

पंजाबी सिंगर सिद्धू मूसेवाला के हत्या के साजिशकर्ता गोल्डी बराड़ के पकड़ल जाये के खबर बा। मीडिया रिपोर्ट के अनुसार, गोल्डी बराड़ के कौलिफोर्निया से हिरासत में लिहल गइल बा। भारतीय खुफिया एजेंसी के ई जानकारी मिलल बा कि 20 नवंबरे के गोल्डी बराड़ के हिरासत में लिहल गइल। ऊ अपन ठीकाना कैलिफोर्निया के सैक्रामेंमटो के बनवले रहे।

सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड में गैंगस्टर गोल्डी बराड़ के नाम चरचा में आइल रहें। हालांकि ऊ भारत से बाहर रहके इहां कइयन घटनन के साजिश रचले बा। हालांकि गोल्डी बराड़ के पकड़ल गइला के लेके अभी ले अधिकारिक बयान सामने नइखे आइल, ना कैलिफोर्निया के तरफ से भारत सरकार के अधिकारिक जानकारी मिलल बा।

397970cookie-checkकैलिफोर्निया से पकड़ल गइल गैंगस्टर गोल्डी बराड़, मूसेवाला के मारे के रचले रहे साजिश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.