बाबा सिद्दीकी के हत्या के सुपारी लेवे वाला के रहे मेन हैंडलर? जालंधर से मुंबई ले जुड़ ल तार

Share

 

 

राकांपा नेता बाबा सिद्दीकी के हत्या के मामला में मुंबई क्राइम ब्रांच के बहुत सफलता मिलल बा। क्राइम ब्रांच चउथा आरोपी ज़ीशान अख्तर के पहचान कईले बिया। बाबा सिद्दीकी के हत्या तीन गो शूटर कइले बाड़न जवना में से एगो गुरमेल सिंह हरियाणा के कैथल जिला के नारद गाँव के रहे वाला हउवें. दू गो शूटर उत्तर प्रदेश के बहराइच जिला के हउवें. गुरमेल अवुरी धर्मराज के गिरफ्तारी हो चुकल बा, जबकि तीसरा शूटर शिवकुमार अबे ले फरार बाड़े।

ज़ीशान अख्तर के तलाश में व्यस्त पुलिस

क्राइम ब्रांच के जांच में पाता चलल कि चउथा आरोपी मोहम्मद ज़ीशान अख्तर पंजाब के जालंधर जिला के नकोदर के शकर गांव के निवासी हवे। मुंबई क्राइम ब्रांच के टीम शिव आ ज़ीशान अख्तर के तलाश शुरू कs दिहले बिया.

ज़ीशान ही शूटर के निर्देश देत रहले

बतावल जाता कि ज़ीशान अख्तर तीनों शूटर के बहरी से निर्देश देत रहले। इहे ज़ीशान रहले जे गोलीबारी करेवाला लोग के बाबा सिद्दीकी के ऑफिस के जानकारी देले रहले। एकरा संगे मोहम्मद ज़ीशान शूटर खातीर किराया पs कमरा के इंतजाम समेत बहुत काम में मदद कईले।

पटियाला जेल में लॉरेंस बिश्नोई के गिरोह से मुलाकात

पुलिस सूत्र बतवले कि करीब दु साल पहिले मोहम्मद ज़ीशान अख्तर के स्थानीय पुलिस गिरफ्तार कs लेले रहे अवुरी उs पटियाला जेल में लॉरेंस बिश्नोई गिरोह के सदस्य से मिलले। रिहाई के बाद उs मुंबई चल गईले।

ज़ीशान के पकड़े खातिर कई गो टीम बनल

पुलिस सूत्र बतवले कि 7 जून के जेल से रिहा भईला के बाद ज़ीशान अख्तर गुरमेल से मिले खातीर कैथल पहुंचल रहले। एकरा बाद शूटर मुंबई गईले अवुरी उहाँ आपन अड्डा बनवले। बाबा सिद्दीकी पs गोलीबारी के बाद ज़ीशान अख्तर फरार हो गईल। सूत्र के मुताबिक उs अबे तक मुंबई में लुकाईल बाड़े। उनुका के खोजे खातिर कई गो टीम बनावल गइल बा.

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-