Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ढोल ढमाका के संगे धांसू लुक में Mahindra Bolero के नया एडिशन भइल लॉन्च, चकाचक डिज़ाइन आ ताबड़तोड़ फीचर्स से बा लैस

5,805

Mahindra Bolero New Edition: ढोल ढमाका के संगे धांसू लुक में Mahindra Bolero के नया एडिशन लॉन्च भइल। चकाचक डिज़ाइन आ ताबड़तोड़ फीचर्स से लैस  SUV Bolero Neo के नया लिमिटेड एडिशन मॉडल लॉन्च कइले बा देस के प्रमुख एसयूवी निर्माता कंपनी Mahindra।  भारतीय बाजार खातिर नया Bolero Neo Limited Edition लॉन्च करत कंपनी एह नया पेशकश के कीमत 11.50 लाख रुपिया (एक्स-शोरूम, भारत) रखले बिया। नया लिमिटेड एडिशन बोलेरो नियो टॉप-स्पेक N10 वैरिएंट पs आधारित बा आ एकरा के स्टैंडर्ड वर्जन से अलग करे खातिर कॉस्मेटिक आ फीचर अपडेट मिलत बा। नया लिमिटेड एडिशन बोलेरो नियो N10 वैरिएंट के तुलना में लगभग 29,000 रुपिया महंगा बा आ रेंज-टॉपिंग N10 (O) के तुलना में 78,000 रुपिया सस्ता बा।

Mahindra Bolero New: बिलकुल चकाचक डिजाइन लुक

नया महिंद्रा बोलेरो नियो लिमिटेड एडिशन रूफ स्की-रैक, नया फॉग लाइट, इंटीग्रेटेड एलईडी डीआरएल के संगे हेडलैंप आ डीप सिल्वर कलर स्कीम में तइयार स्पेयर व्हील कवर जइसे विजुअल अपग्रेड्स के संगे आवेला। केबिन के ड्यूल-टोन लैदर सीट के रूप में अपग्रेड कइल गइल बा। ड्राइवर के सीट खातिर ऊंचाई के एडजस्ट करे के फीचर आ चालक आ सामने वाला यात्री खातिर लंबर सपोर्ट बा। सेंटर कंसोल में सिल्वर इंसर्ट्स बा, जबकि पहिला आ दूसरा पंक्ति के यात्रियन खातिर आर्मरेस्ट जइसन सुविधा दिहल गइल बा।

Mahindra Bolero New दमदार फीचर्स आ डिफरेंट स्टाइल

Mahindra बोलेरो नियो टॉप-स्पेक N10 वैरिएंट पs आधारित बा आ एकरा के स्टैंडर्ड वर्जन से अलग करे खातिर कॉस्मेटिक आ फीचर अपडेट मिलत बा। फीचर के बात करी तs, बोलेरो नियो लिमिटेड एडिशन में 7-इंच के टचस्क्रीन इंफोटेनमेंट सिस्टम मिलत बा। हालांकि एह यूनिट में एपल कारप्ले आ एंड्रॉयड ऑटो नइखे मिलत। ई एगो रिवर्स पार्किंग कैमरा, क्रूज कंट्रोल, महिंद्रा ब्लूसेंस कनेक्टिविटी एप आ स्टीयरिंग माउंटेड ऑडियो कंट्रोल के संगे आवेला। ड्राइवर के सीट के नीचे एगो अंडर सीट स्टोरेज ट्रे बा, जवन एगो बढ़िया स्टोरेज स्पेस ऑप्शन बा। ई सब-4-मीटर एसयूवी पीछे के ओर साइड-फेसिंग जंप सीटन के संगे 7-सीटर बनल हुई है।

Mahindra Bolero New बेजोड़ इंजन पावर आ ट्रांसमिशन

Mahindra bolero पूरा पॉवर यूनिट के संगे दिहल गइल बएह इंजन एसयूवी में कवनो मैकेनिकल बदलाव नइखे कइल गइल आ मॉडल में उहे 1.5-लीटर mHawk 100 डीजल इंजन मिलत बा। ई इंजन 100 bhp के पावर आ 260 Nm के पीक टॉर्क जेनरेट करत बा। एह इंजन के संगे 5-स्पीड मैनुअल ट्रांसमिशन मिलल जारी बा। लिमिटेड एडिशन में मैकेनिकल लॉकिंग डिफरेंशियल (MLD) नइखे दिजल गइल जवन N10 (O) वैरिएंट में खास तौर पs मिलती बा। एकरा से एसयूवी,उबड़-खाबड़ सड़कन पs आसानी से सफर तय कs सकत बिया।

455420cookie-checkढोल ढमाका के संगे धांसू लुक में Mahindra Bolero के नया एडिशन भइल लॉन्च, चकाचक डिज़ाइन आ ताबड़तोड़ फीचर्स से बा लैस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.