[the_ad_group id="30365"]

महाशिवरात्रि : भोरे से लागल भगतन के ताँता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजु देसभर में महाशिवरात के परब आस्था अउर सरधा से मनावल जा रहल बा| भोले बाबा के अवतार कहाए आला बाबा गोरखनाथ के नगरी गोरखपुरो में एकर धूम देखे लाएक बा| बड़हन संख्या में सरधालू शिव मंदिरन में पहुंच के अउर जयघोस करत भगवान शिव के चरनन में आपन आस्था अउर सरधा पुरवने। दूध अउर जल से भोले बाबा के अभिषेक कsके मंगलकामना कइनें। एह दौरान हर-हर महादेव के जयघोस से वातावरण गूंज रहल बा|

भोरे से महादेव झारखंडी मंदिर कूड़ाघाटअउर मुक्तेश्वरनाथ मंदिर राजघाट धइले महानगर के लमसम सगरी शिव मंदिरन पs श्रद्धालु पहुंछे लगनें। भांग, धतूर, बेल पत्र, बेर, गन्ना अउर फूल आदि से पूजन-अर्चन कs के दूध आ जल से भगवान भोलेनाथ के अभिषेक भइल। भोर में ठंडा रहल लेकिन श्रद्धालुअन के उछाह चरम प रहल। बड़हन संख्या में श्रद्धालु शिव दरबार पहुंचनें, जल चढ़वनें, मत्था टेकनें अउर मंगल कामना कइनें। रस्ता श्रद्धालुओं से खचाखच भरल रहल। मंदिरन पs घंटा-घड़ियाल के गूंज के संगे संगे हर हर महादेव के जयघोसो गूंज रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]