महाराष्ट्र: परभणी में भड़कल हिंसा, आगजनी के बाद आंसू गैस के गोला छोड़ल गइल

Minee Upadhyay
महाराष्ट्र के परभणी में हिंसा, बवाल
- Sponsored Ads-

महाराष्ट्र के परभणी में संविधान के अपमान के लेके अचानक हिंसा भड़क गईल बा। एकरा बाद कई इलाका में आगजनी भईल. विरोध करे वाला लोग के कहनाम बा कि संविधान के अपमान करे वाला के फांसी के सजा देवे के चाही। पुलिस स्थिति के काबू में राखे के कोशिश में लागल बिया। भीड़ के काबू में राखे खातीर आंसू गैस के गोला भी चलावल गईल बा। बेकाबू लोग के काबू में राखे खातीर भारी संख्या में पुलिस बल मौजूद बा।

एही बीच वंचित बहुजन आघाड़ी के मुखिया प्रकाश अम्बेडकर भी एs मामला में आपन प्रतिक्रिया देके कहले बाड़े कि परभणी में जातिवादी मराठा बदमाश के ओर से बाबासाहेब के मूर्ति पs भारतीय संविधान के अवहेलना कईल बहुत शर्म के बात बा। उs कहले बाड़े कि बाबासाहेब के मूर्ति चाहे दलित पहचान के प्रतीक पs अयीसन तोड़फोड़ पहिला बेर नईखे भईल।

- Sponsored Ads-

उs कहले कि, “वीबीए परभणी जिला कार्यकर्ता सबसे पहिले मौका पs पहुंचले अवुरी ओ लोग के विरोध के चलते पुलिस प्राथमिकी दर्ज कs के एगो बदमाश के गिरफ्तार कs लेलस। हम सभका से निहोरा करतानी कि कानून व्यवस्था कायम राखल जाए।अगर अगिला 24 में अगर सभ बदमाश होखे।” घंटन के भीतर गिरफ्तार ना कईल जाला, एकर परिणाम भुगते के होई।”

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।