[the_ad_group id="30365"]

उद्धव ठाकरे के झटका, विधान परिषद के उपसभापति नीलम गोरे भइली शिंदे के शिवेसना में सामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शिवसेना में टूट के बादो महाराष्ट्र के पूर्व सीएम उद्धव ठाकरे के मुश्किल कम नइखे हो रहल। एगो-एगो कs के पार्टी के कइयन नेता उद्धव के साथ छोड़ मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे के दामन थामल चूकल बा लो। उद्धव गुट के छोड़े वाला नेता लोगन के लिस्ट में एगो आउर नाम सामिल हो गइल बा।

नीलम गोरे छोड़लें उद्धव के साथ

विधान परिषद के उपसभापति नीलम गोरे उद्धव ठाकरे के शिवसेना (यूबीटी) के अलविदा कह दिहली। नीलम एकनाथ शिंदे के शिवसेना में सामिल हो गइल बाड़ी। एकनाथ शिंदे पार्टी के पटका ओढ़ाके नीलम के स्वागत कइलें। एह दौरान डिप्टी सीएम देवेंद्र फडणवीस मवजूद रहलें।

अविश्वास प्रस्ताव वापस

महाराष्ट्र विधान परिषद के बिजनेस एडवाइजरी बैठक में बीजेपी नेता प्रवीण दरेकर नीलम गोरे के खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव वापस लेवे के प्रस्ताव रखले। प्रस्ताव के समर्थन भाजपा के प्रसाद लाड कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]