Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

महाराष्ट्र के वित्त मंत्री बनलें अजित पवार: भुजबल के खाद्य; धनंजय मुंडे के कृषि; मुश्रीफ के स्वास्थ विभाग के जिम्मा

महाराष्ट्र के डिप्टी सीएम अजित पवार आ प्रफुल्ल पटेल बुध के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह से मुलाकात कइले रहे। एकरा बाद मीडिया से बातचीत करत पटेल कहले रहस कि एही हफ्ता CM एकनाथ शिंदे आ डिप्टी CM देवेंद्र फणनवीस के संगे मीटिंग में पोर्टफोलियो के बंटवारा पs फैसला हो गइल रहे।

827

महाराष्ट्र के शिंदे सरकार में सामिल भइल NCP के 9 मंत्रियन के विभागन के बंटवारा कs दिहल गइल बा। डिप्टी CM अजित पवार के वित्त आ योजना विभाग के मंत्री बनावल गइल बा। छगन भुजबल के खाद्य आ नागरिक आपूर्ति विभाग सउपल गइल बा।

एकरा अलावे, धनंजय मुंडे के कृषि, दिलीप वलसे पाटिल के सहकारी, अनिल पाटिल के पुर्नवास आ आपदा प्रबंधन, संजय बनसोड़े के खेल आ युवा मंत्रालय, अदिति तटकरे के महिला आ बाल विकास, धर्मराव अत्राम के फुड एंड ड्रग विभाग, हसन मुश्रीफ के स्वास्थ आ चिकित्सा शिक्षा (हेल्थ एजुकेशन) मंत्रालय के जिम्मा सउपल गइल बा।

एने, मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे अपना लगे सामान्य प्रशासन, शहरी विकास, सूचना आ प्रौद्योगिकी सूचना आउर जनसंपर्क, परिवहन, सामाजिक न्याय, पर्यावरण आ जलवायु परिवर्तन आउर खनन विभाग रखलें बाड़ें। ओहिजा, उपमुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस के लगे गृह, कानून आ न्याय, जल संसाधन आउर लाभकारी क्षेत्र विकास आ ऊर्जा विभाग बा।

तस्वीर 2 जुलाई के भइल शपथ ग्रहण समारोह के हs। एमे अजित पवार डिप्टी CM पद के शपथ लेले रहस।

एकरा अलावे, राधाकृष्ण विखे पाटिल के राजस्व, पशुपालन आ डेयरी विकास विभाग, सुधीर सच्चिदानंद मुनगंटीवार के वानिकी, सांस्कृतिक गतिविधियन आ मत्स्य पालन विभाग आउर चंद्रकांतदादा बच्चू पाटिल के उच्च आ तकनीकी शिक्षा, कपड़ा उद्योग आ संसदीय ममिला के विभाग दिहल गइल बा।

ओहिजा, विजय कुमार कृष्णराव गावित के आदिवासी विकास, गिरीश दत्तात्रेय महाजन के ग्राम विकास आ पंचायत राज आउर पर्यटन विभाग, गुलाबराव पाटिल के जल आपूर्ति आ स्वच्छता, दादाजी दगड़ू भुसे के लोक निर्माण विभाग, संजय दुलीचंद राठोड के मृदा आ जल संरक्षण विभाग सउपल गइल बा।

सुरेशभाऊ दगड़ू खाडे के रोजगार विभाग, संदीपन आसाराम भुमरे के रोजगार गारंटी योजना आ बागवानी विभाग, उदय रवीन्द्र सामंत के उद्योग विभाग, तानाजी जयवंत सावंत के लोक स्वास्थ आ परिवार कल्याण विभाग आउर रवीन्द्र दत्तात्रय चव्हाण के सार्वजनिक कार्य (सार्वजनिक उपक्रमन के छोड़के) विभाग मिलल बा।

ओहिजा, अब्दुल सत्तार के अल्पसंख्यक विकास आ विपणन विभाग, दीपक वसंतराव केसरकर के स्कूल शिक्षा आ मराठी भाषा विभाग, अतुल मोरेश्वर सावे के आवास, अन्य पिछड़ा आ बहुजन कल्याण विभाग, शंभुराज शिवाजीराव देसाई के राज्य उत्पाद शुल्क विभाग आ मंगल प्रभात लोढ़ा के कौशल विकास, उद्यमिता आ नवाचार विभाग के जिम्मा दिहल गइल बा।

CM-डिप्टी CM के संगे मीटिंग में भइल पोर्टफोलियो बंटवारा के फैसला

महाराष्ट्र के डिप्टी सीएम अजित पवार आ प्रफुल्ल पटेल बुध के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह से मुलाकात कइले रहे। एकरा बाद मीडिया से बातचीत करत पटेल कहले रहस कि एही हफ्ता CM एकनाथ शिंदे आ डिप्टी CM देवेंद्र फणनवीस के संगे मीटिंग में पोर्टफोलियो के बंटवारा पs फैसला हो गइल रहे।

ऊ कहले रहस कि सब पोर्टफोलियो भाजपा आ शिवसेना के बीच बंटल रहे। NCP के मंत्रियन के विभाग देवे खातिर एह दुनो पार्टियन के कुछ मंत्रालय छोड़े के होई। ऊ कहलें कि सरकार में सामिल होखे के 4-5 दिनन तक हम पोर्टफोलियो के मुद्दा नइखे उठावल गइल। कुछे दिन पहिले हमनी के ई मुद्दा उठवलें रहनी सs जवना के बाद हमनी 3 मीटिंग कइले रहनी सs।

अजित गुट के 9 विधायक लेले रहे लो मंत्रीपद के शपथ

2 जुलाई के NCP के 9 विधायक शिंदे कैबिनेट में सामिल भइल रहे लो। एमे अजित पवार के डिप्टी CM बनावल गइल रहे। एकरा अलावे 8 आउर विधायक छगन भुजबल, धनंजय मुंडे, अनिल पाटिल, दिलीप वलसे पाटिल, धर्मराव अत्राम, संजय बनसोड़े, अदिति तटकरे आ हसन मुश्रीफ मंत्री पद के शपथ लेले रहे लो। NCP के 9 मंत्रियन के मिलाके महाराष्ट्र में अब 29 कैबिनेट मंत्री हो गइल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

598860cookie-checkमहाराष्ट्र के वित्त मंत्री बनलें अजित पवार: भुजबल के खाद्य; धनंजय मुंडे के कृषि; मुश्रीफ के स्वास्थ विभाग के जिम्मा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.