[the_ad_group id="30365"]

‘साहब, पत्नी बहुत मारेली।’ पीड़ित पति के दर्द सुनके हैरान रह गइल पुलिसवाले, पीड़ित बोलले- ‘एह बात पर पीटेली’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

‘साहब, पत्नी बहुत मारेली।’ पीड़ित पति के दर्द सुनके हैरान रह गॉइल पुलिसवाले, पीड़ित बोलले- ‘एह बात पर पीटे ली’

पतिदेव से बचावे खातिर पत्नी के पुलिस से गुहार लगावत त रउआ देखत आ सूनत होखब, लेकिन महाराजगंज जिले के सिंदुरिया थाना क्षेत्र के एक गांव से एसे विपरीत मामला सोझे आइल बा। इहां पारिवारिक विवाद में पत्नी से पीड़ित पति के दर्द पुलिस के सामने छलकल। उ कहलस कि पत्नी बहुत मारेले।

जनसुनवाई के दौरान ई मामला सामने अइले पर पुलिसकर्मियन सहित उहां मौजूद लोग हैरान रह गइल, जबकि पत्नी भी पति पर गंभीर आरोप लगवले बाड़ी। गांव के संगही ई मामला थाना क्षेत्र में चर्चा में बा। जानकारी के मुताबिक, जिला के सिंदुरिया थाना क्षेत्र के एक गांव के निवासी युवक के पत्नी गांव में रोजगार सेवक के पद पर तैनात बाड़ी। पति द्वारा पुस्तैनी संपत्ति बेचले के प्रयास के भनक जब पत्नी के लागल, तो दूनों के बीच विवाद हो गइल। मामला में बात बढ़ गइल। ओकरे बाद नाराज पति तहरीर लेकर थाने पहुंच गइल।

पति पुलिस के देहल तहरीर में गुहार लगवले बानें कि कि पत्नी उनकर कौनो बात नाइ मानेली। एतने नाइ, आए दिन छोट-छोट बात पर विवाद करेली। साथ ही मना कइने पर हमके मारे-पीटे ली। पीड़ित के कहनाम बा कि पिछले कई दिन से घर में ऊ अलगे रहे लागल बाड़ी। एकरे बादो  ऊ आए दिन विवाद करत रहेली।

पति मांग कइले बा कि कि पत्नी के विरुद्ध कार्रवाई करत हमके न्याय दियावल जाए। एह मामला में सिंदुरिया थानाध्यक्ष रामकृष्ण यादव कहलें कि पति-पत्नी के एह मामला में परिवार परामर्श केंद्र द्वारा काउंसिलिंग करावल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]