[the_ad_group id="30365"]

शरीर से निकलल एक किलो सोना: नेपाल के एयरपोर्ट पर पकड़ल गइल भारतीय नागरिक, पेट में लुकवा के लाइल रहे सोना के पेस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दुबई, संयुक्त अरब अमीरात (यूएई) से काठमांडू आइल एक भारतीय नागरिक के लग्गे पुलिस एक किलो सोना बरामद कइलें बा। युवक सोना का पेस्ट बना के ओके चार हिस्सा में गोला के शक्ल में बांट के घोंट लेहले रहल। पकड़ल गइल युवक के पहचान राहुल रेमनन निवासी चिरायिन (केरल) के रूप में भइल बा।

राहुल रेमनन शनिवार के दुबई के फ्लाइट से त्रिभुवन अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा, काठमांडू पर उतारल गइल रहे। एयरपोर्ट पर जांच के दौरान एक्स-रे मशीन में चौंकावे वाली तस्वीर सामने अइले से सुरक्षाकर्मी भी चौंक गइलें। शनिवार देर रात पुलिस ओकर दोबारा एक्स-रे करे खातिर काठमांडू मेडिकल कॉलेज ले गईल, जहां अतवार सुबह 31 वर्षीय युवक राहुल के पेट में ठोस पदार्थ पावल गइले के पुष्टि भइल।

एकरे बाद पुलिस युवक के गौशाला थाने ले गइल, जहां शौच के दौरान चार अर्ध-ठोस सोना के डली बरामद भइल। काठमांड़ो क्षेत्र के डीआईजी श्याम ग्वाली बतवलें कि सोना के साथ गिरफ्तार रेमनन के संबंध में अउरी जानकारी जुटावल जा रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]