[the_ad_group id="30365"]

महाकुंभ: राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू त्रिवेणी संगम में लगवली पवित्र डुबकी, सीएम योगी भी रहले मौजूद

राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू त्रिवेणी संगम में लगवली पवित्र डुबकी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के पहिला नागरिक राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू सोमार के प्रयागराज के महाकुंभ पहुंचले अवुरी त्रिवेणी संगम पs आस्था के डुबकी लगवले। राष्ट्रपति के स्वागत राज्यपाल आनंदी बेन पटेल अवुरी उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कईले। एकरा बाद राष्ट्रपति संगम इलाका पहुंचली।  राष्ट्रपति त्रिवेणी संगम में आस्था के डुबकी लगा के सनातन आस्था के मजबूत नींव रखले। देश के पहिला नागरिक के संगम में पवित्र डुबकी लगावे के एह ऐतिहासिक पल के लोग देखले।  आजु राष्ट्रपति आठ घंटा से अधिका समय खातिर संगम नगरी में रहीहें.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

पवित्र स्नान कइला के बाद गंगा, यमुना आ सरस्वती नदी के संगम पs भी खड़ा होके प्रार्थना कइली। उत्तर प्रदेश के राज्यपाल आनंदीबेन पटेल अवुरी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी राष्ट्रपति मुर्मू के संगे संगम पहुंचले।  एकरा से पहिले राष्ट्रपति भवन के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि पवित्र स्नान के बाद राष्ट्रपति मुर्मू अक्षयवत अवुरी हनुमान मंदिर के भी दौरा करीहे। बयान में कहल गईल कि, उs डिजिटल कुंभ एक्सपीरियंस सेंटर के भी दौरा करीहे।

बता दी कि 13 जनवरी से शुरू भइल भव्य महाकुंभ मेला दुनिया के सबसे बड़ आध्यात्मिक आ सांस्कृतिक आयोजन हs, जवना में देश आ दुनिया भर के श्रद्धालु लोग आवेला।  महोत्सव के समापन 26 फरवरी के महाशिवरात्रि के मौका पs होखी.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! जवना साधना कट खातीर लईकी पागल रहली, ओकरा पीछे बा मजेदार कहानी…

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]