[the_ad_group id="30365"]

Mahakumbh: आचार्य महामंडलेश्वर लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी किन्नर अखाडा से निष्कासित, ममता कुलकर्णी बाड़ी वजह

ममता कुलकर्णी को किन्रर अखाड़े में बनाया गया महामंडलेश्वर।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


फिल्म अभिनेत्री ममता कुलकर्णी के महामंडलेश्वर बनावल गइला के बाद किन्नर अखाड़ा में घमासान सुरू हो गइल बा। अखाड़ा के संतन के आपत्ति के बाद अखाडा के संस्थापक ऋषि अजय दास किन्नर अखाड़ा के आचार्य महामंडलेश्वर लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के पदमुक्त कs दिहल गइल बा। एह संबंध में एगो पत्र जारी कइल गइल बा। हालांकि आचार्य महामंडलेश्वर लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी एह कार्रवाई के अनुचित बतवले बाड़ें। कहलें कि अजय दास के किन्नर अखाड़ा से पहिलही निकालल जा चुकल बा, ऊ कवना हैसियत से कार्रवाई कs सकत बाड़ें।

अभिनेत्री ममता कुलकर्णी के महामंडलेश्वर के पदवी दिहल गइला के लेके आचार्य लक्ष्मी नारायण के खिलाफ कार्रवाई के तइयारी कइल जात रहे। अभिनेत्री के महामंडलेश्वर बनावे के लेके किन्नर अखाड़ा के भीतरे विरोध सुरू हो गइल रहे। किन्नर अखाड़ा के संस्थापक अजय दास आ आचार्य महामंडलेश्वर डॉ. लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी एह मसला पs आमने-सामने आ गइल बा लो। एही बीच अजय दास लक्ष्मी नारायण के संगही ममता के पद से हटा देले बाड़ें।

ओने, लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के कहनाम बा कि अजय दास कवना हैसियत से कार्रवाई करिहें। ऊ तs कवनो पद पs हइलही नइखे। उनका तs पहिलही से अखाड़ा से निकालल जा चुकल बा। किन्नर अखाड़ा के ओर से सुक के मीडिया के सामने एह मुद्दा के लेके वार्ता हो सकत बा।

अजय दास जारी कइलें पत्र

ऋषि अजय दास ने मीडिया के जारी पत्र में कहलें बाड़ें कि बरिस 2015-16 में उज्जैन के महाकुंभ में लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के आचार्य महामंडलेश्वर पद पs नियुक्त कइल गइल रहे। जवना उद्देश्य के लेके उनका के पदवी दिहल गइल रहे, ओकरा से ऊ भटक गइल बाड़ें। एहिसे उनका के पदमुक्त कइल जा रहल बा। जल्दिये उनका के एकर लिखित सूचना दे दिहल जाई। इहो आरोप लगवलें कि बिना हमरा सहमति के 2019 के कुंभ में ई एगो अनुबंध जूना अखाड़ा के संगे कs लेंले। जवन कि अनैतिके ना विधि के अनुकूल बा। जवन कि एगो जालसाजी बा।

कहलें कि फिल्मी दुनिया से ताल्लुक रखे वाली ममता बनर्जी के ई महामंडलेश्वर बना देलें। एकरा से सनातन धर्म के छवि धूमिल हो रहल बा। एकरा से मजबूर होके लक्ष्मी नारायण के खिलाफ कार्रवाई करे के पड़ल।

किन्नर अखाड़ा में बनावल गइलें चार महामंडलेश्वर

किन्नर अखाड़ा बियफे के चार महामंडलेश्वर सहित चार श्रीमहंत बनवलस। विधि-विधान से एकर सब धार्मिक क्रिया आचार्य महामंडलेश्वर लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के अगुवाई में करावल गइल। एह दौरान शंकरानंद गिरि (महाराष्ट्र), स्वरूपा भारती (राजस्थान), यशोधानंद गिरि, नारायणी नंद गिरि (पुणे) आ सतीनंद गिरि के महामंडलेश्वर के पदवी दिहल गइल। जबकि, भैरवी नंद गिरि (दिल्ली), सरस्वती नंद गिरि, दिव्यानी नंद गिरि (दिल्ली) आ हरिहर नंद गिरि श्रीमहंत बनावल गइल लो। एह दौरान जूना अखाड़ा के महामंडलेश्वर गर्गाचार्य मुचकुंद, पीठाधीश्वर स्वामी महेंद्रानंद गिरि, महामंडलेश्वर स्वामी जय अंबानंद गिरि, किन्नर अखाड़ा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष महामंडलेश्वर स्वामी पार्वती नंद गिरि, महामंडलेश्वर मनिकंडन, प्रदेशाध्यक्ष महामंडलेश्वर स्वामी कौशल्यानंद गिरि, महामंडलेश्वर स्वामी कल्याणीनंद गिरि सहित आउर लोग मवजूद रहल।

Read Also: Economic Survey: वित्त बरिस 26 में 6.3-6.8 प्रतिशत के बीच रह सकत बा वृद्धि दर, आर्थिक सर्वेक्षण में अनुमान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]