Mahakumbh 2025: प्रयागराज महाकुंभ के छठवा दिन त्रिवेणी में स्नान जारी, लगातार बढ़ रहल बा श्रद्धालु लोग के भीड़

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 18, 2025

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में चल रहल महाकुंभ के छठवाँ दिन त्रिवेणी संगम में भक्तन के स्नान जारी बा। प्रयागराज में आस्था के डुबकी लगावे आवे वाला भक्तन के भीड़ लगातार बढ़ रहल बा।  अब

Share

Mahakumbh

उत्तर प्रदेश के प्रयागराज में चल रहल महाकुंभ के छठवाँ दिन त्रिवेणी संगम में भक्तन के स्नान जारी बा। प्रयागराज में आस्था के डुबकी लगावे आवे वाला भक्तन के भीड़ लगातार बढ़ रहल बा।  अब तक महाकुंभ के पहिला पांच दिन में 7 करोड़ 29 लाख से अधिका लोग पवित्र त्रिवेणी संगम में डुबकी लगा चुकल बाड़े।  आज भी अनुमान बा कि संगम में करीब 30 लाख लोग नहाए के काम करीहे।  महाकुंभ के ई आयोजन 13 जनवरी से शुरू भइल बा आ भक्तन के संख्या रोज लगातार बढ़ रहल बा.

सीएम योगी आज प्रयागराज में अइहें

आईं बता दीं कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आजु प्रयागराज चहुँपे जा रहल बाड़न, जहाँ ऊ आवे वाला मौनी अमावस्या स्नान के तइयारी के जायजा लीहें. मानल जाता कि मौनी अमावस्या के खास मौका पs 6 करोड़ से जादे भक्त प्रयागराज पहुंच सकतारे।  प्रशासन एs मामला में तैयारी शुरू कs चुकल बा, ताकि भक्त के सुरक्षा अवुरी सुविधा के पूरा ध्यान राखल जा सके। मौनी अमावस्या पs आयोजित अमृत स्नान महाकुंभ के सबसे महत्वपूर्ण आकर्षण होई।

महाकुंभ में कई भक्तों के आकर्षण के केंद्र

बता दीं कि महाकुंभ में अलग-अलग इलाका के श्रद्धालु लोग आकर्षण के केंद्र बन गइल बा।  आईआईटी बम्बई के बाबा अभय सिंह से हर्षा रिछारिया ले के बारे में जाने में लोग में बहुत रुचि देखाई देलस। एकरा संगे पुणे से आईल मॉडल वर्षा संवाल भी सुर्खियन में बाड़ी।वर्षा आपन मॉडलिंग करियर छोड़ के एक महीना के कल्पव खातिर महाकुंभ में ध्यान करे के फैसला कइले बाड़ी. संगम के बालू पर बइठ के ध्यान आ साधना करेली, आ मानत बाड़ी कि संस्कृत के ज्ञान के बढ़ावा देबे खातिर लोग के सनातन धर्म के प्रति जागरूक होखल जरूरी बा.
इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.