[the_ad_group id="30365"]

Maha Kumbh: महाकुंभ मेला में जाए के बा तैयारी, तs कम पइसा में ठहरे खातीर बा इs बेस्ट जगह

महाकुंभ का मेला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महाकुंभ के आयोजन जनवरी 2025 के महीना में हो रहल बा।  अबकी बेर महाकुंभ के आयोजन प्रयागराज तीर्थ में होखे जा रहल बा जवना में लाखो करोड़ लोग के आवे के उमेद बा.  बता दीं कि यूपी के प्रयागराज शहर में 13 जनवरी से 26 फरवरी ले महाकुंभ मेला के आयोजन हो रहल बा.

अबकी बेर अगर रउरा भी महाकुंभ मेला जाए के सोचत बानी तs पहिले से कुछ तइयारी कs लीं. सबसे जरूरी बा कि महाकुंभ में आवे वाला लोग रहे खातिर इधर-उधर भटकत रहेला। चूंकि अइसन हालत में ढेर लोग आवेला एहसे होटलो महँग हो जाला. बाकिर बजट के चलते कुछ लोग आश्रम चाहे धर्मशाला में रहे के पसंद करेले। तs आईं इहाँ के कुछ धर्मशाला आ आश्रम के बारे में बताईं जा, जहाँ कम पईसा में भी रहे के सुविधा मिली।

भारद्वाज आश्रम
अगर रउआ प्रयागराज के कवनो होटल में ना रहे के चाहत बानी तs रउआ भारद्वाज आश्रम में जा सकेनी।  ई आश्रम इहाँ के सबसे पुरान जगहन में से एगो हs।  एह जगह पs रउरा 500-1000 रुपया के बीच के कमरा मिली। ध्यान रहे कि इहाँ एसी अवुरी बिना एसी दुनो कमरा उपलब्ध बा। आप अपना सुविधा अवुरी बजट के मुताबिक कमरा बुक कs सकतानी।  प्रयागराज रेलवे स्टेशन से एकर दूरी 3.5 किलोमीटर बा।

जैन धर्मशाला
अगर रउवा कवनो धर्मशाला में रहे के सोचत बानी तs जैन धर्मशाला में जा सकेनी।  इहाँ कम बजट में बेहतरीन सुविधा मिली।  इहाँ भी आप दु बेड वाला कमरा करीब 500 से 1500 रुपया में बुक कs सकतानी।  एह धर्मशाला में 2 बेड के नॉन एसी रूम के किराया करीब 600 रुपया बा।  ई धर्मशाला अजंता सिनेमा के लगे चांद जीरो रोड पs बा.

भारत सेवा आश्रम
इs आश्रम भी बजट में बा बाकिर प्रयागराज स्टेशन से एकर दूरी लगभग 8 किलोमीटर बा। इहाँ के बहुत लोग आपन कमरा पहिले से बुक कs लेला। एह आश्रम में रउआ बहुत कम लागत में सिंगल रूम से डबल रूम आ सिंगल बेड से डबल बेड बुक कs सकेनी। खास बात इs बा कि इहाँ वाईफाई के सुविधा भी बा। ई तुलाराम बाग एमजी रोड पs बा।

इहो पढ़ीं: laddu gopal: घर में बाड़े अगर बाल गोपाल तs एह नियम के जरूर करीं पालन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]