Naxal Leader Hidma Encounterd : ‘लाल आतंक’ पर आखिरी चोट: मोस्ट वांटेड नक्सली हिड़मा मार गिरावल गइल 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 18, 2025

नई दिल्ली। नक्सलवाद खत्म करे खातिर चलावल गइल ऑपरेशन में सुरक्षाबलन के जबरदस्त सफलता मिलल बा। मोस्ट वांटेड नक्सली माड़वी हिड़मा (Madvi Hidma) के सुरक्षाबल मार गिरवले बा लोग। हिड़मा पs एक कराेड़ के इनाम

Share

नई दिल्ली। नक्सलवाद खत्म करे खातिर चलावल गइल ऑपरेशन में सुरक्षाबलन के जबरदस्त सफलता मिलल बा। मोस्ट वांटेड नक्सली माड़वी हिड़मा (Madvi Hidma) के सुरक्षाबल मार गिरवले बा लोग। हिड़मा पs एक कराेड़ के इनाम रहे। एह मुठभेड़ में हिड़मा सहित 6 नक्सली आंध्र प्रदेश में ढेर भइलें सs, जबकि सुकमा में एगो आउर नक्सली के मारल गइल। कुल मिला के 7 नक्सली ढेर कs दिहल गइल बाड़ें सs। 25 लाख के इनामी एसजेडसीएम टेक शंकरो के एह एनकाउंटर में खत्म हो गइल।

जंगल में घंटन चलल फायरिंग

आंध्र प्रदेश-छत्तीसगढ़-तेलंगाना के सीमा पs जंगल इलाका में पुलिस आ सुरक्षाबलन के संयुक्त टीम के जानकारी मिलल कि कइयन गो नक्सली छिपल बा लोग। आज सवेरे से फायरिंग सुरू भइल।

अल्लुरी सीताराम जिला के एसपी अमित बरदार कहलें- “सबेरे 6:30-7 बजे के बीच मारेडुमिल्ली मंडल में एनकाउंटर सुरू भइल। अभी तक 6 नक्सली ढेर भइल बाड़ें सs।”

हिड़मा के पत्नियो मारल गइली

हिड़मा के संगे ओकर मेहरारू राजे के मार गिरवला के आशंका बा। हिड़मा दक्षिण बस्तर के सबसे खतरनाक आ खूंखार नक्सली मानल जात रहे। ऊ कइयन गो बड़ हमला के मास्टरमाइंड रहे, जवना में 26 जवानन सहित दर्जनन लोगन के जान गइल रहे।

के रहे माड़वी हिड़मा?

  • जन्म: 1981, सुकमा जिला
  • पद: CPI (Maoist) केंद्रीय समिति सदस्य
  • भूमिका: पीपुल्स लिब्रेशन गुरिल्ला बटालियन (PLGA) नंबर-1 के कमांडर
  • इतिहास: झीरम घाटी हमला समेत कई बड़े नक्सली हमला के जिम्मेदार

समूचा बस्तर में दहशत के दूसरा नाम रहे हिड़मा

हाले में संगठन ओकरा के बटालियन नंबर-1 के प्रभारी बनवले रहे। अब ओकरा जगह पs ओकरे गांव के बारसे देवा के कमांडर बनावल गइल बा।

Read Also: IND vs SA : ‘हमनी के खिलाड़ी घरेलू क्रिकेट ना खेलेला लोग’, पहिला टेस्ट में करारी हार के बाद गौतम गंभीर के मिलल कड़ा चेतावनी 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.