[the_ad_group id="30365"]

इंदौर में बम फटले से दू लोग के मौत, 15 से अधिक घायल, घटनास्थल पर पहुंचल भारी पुलिस बल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्यप्रदेश के इंदौर में दू पक्षों में विवाद के बाद बम फटले के मामला सामने आइल बा। जानकारी के मुताबिक, घटना में दू लोग के मौत हो गईल बा, जबकि 15 से अधिक लोग घायल बतावल जा रहल बानें। मौका पर तनाव देखत भारी पुलिस बल तैनात क देहल गइल बा। घायलन के उपचार खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। ई घटना इंदौर के बडगोंड थाना एरिया के बेरछा क्षेत्र में भइल बा। पुलिस मामला के जांच में जुटल बा।

मिलल जानकारी के मुताबिक महू तहसील के बरगोंडा थाना क्षेत्र के बेरछा गांव में दुनो पक्ष के बीच विवाद भईल रहे। जवना के बाद दुनो पक्ष आमने-सामने हो गईले। एकरा संगे-संगे एगो युवक बम लेके मौका प पहुंचल। बतावल गइल बा कि 15 अगस्त खातिर ओहिजा तइयारी होखत रहे. ए दौरान गांव के लोग के भीड़ भी जुट गईल रहे। बतावल जाता कि युवक भीड़ के बीच पहुंच के उहाँ बम फोड़ देहलस।

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक मौका प जवन बम विस्फोट भईल रहे ओकरा के सेना के फायरिंग रेंज में छोड़ल बतावल जाता। विस्फोट एतना तेज रहल कि आसपास के गांव में भी दहशत फैल गईल। ए दौरान बम विस्फोट करेवाला युवक भी उनुका चंगुल में आ गईल अउरी ओकर मौत हो गईल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]