[the_ad_group id="30365"]

बिहार में नदी बहा ले गईल एगो अउरी पुल, 11 दिन में 5वां ब्रिज ढहले से प्रशासन पs खड़ा भइल सवाल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बिहार के मधुबनी जिला में सुक के एगो निर्माणाधीन पुल गिर गईल, जवन कि पछिला 11 दिन में अयीसन पांचवा घटना बा। मधुबनी जिला के झंझारपुर में ई पुल गिर गइल. सुक के 77 मीटर लंबा एs पुल के दु खंभा के बीच लंबा गर्डर के एगो हिस्सा गिर गईल। एह लापरवाही के छिपावे खातिर प्रशासन टूटल हिस्सा के प्लास्टिक से ढंक दिहलस, ताकि लोग के पुल गिरला के बारे में पता ना चले।

एह निर्माणाधीन पुल के लागत करीब तीन करोड़ रुपिया रहल

प्रधानमंत्री ग्रामीण सडक योजना के तहत बिहार सरकार के ग्रामीण विकास विभाग के ओर से बनावल जा रहल एs पुल के अनुमानित लागत करीब तीन करोड़ रुपया बा। एह पुल के गर्डर तीन दिन पहिले यानी 26 जून के डालल गइल रहे जवन सुक के गिर गईल रहे। एs समूचा मामला में ठेकेदार अमरनाथ झा कहले कि नदी में पानी के स्तर बढ़ला के चलते गर्डर गिर गईल। संगही, नदी में पानी के स्तर कम होखला के बाद पुल के फेर से बनावल जाए के दावा कईले।

नीतीश सरकार को घेरले में विपक्ष व्यस्त

11 दिन के भीतर पांच पुल के गिरला के घटना से बिहार सरकार के लापरवाही के खुलासा भईल बा। बिहार में पुल निर्माण में चलत लापरवाही अवुरी भ्रष्टाचार के मुद्दा पs भी विपक्ष नीतीश सरकार के घेरल शुरू कs देले बा। बिहार के निर्माण मानक अवुरी निरीक्षण पs गंभीर सवाल उठता।

एकरा से पहिले एह जगहन पs पुल ढह गइल रहे

बता दीं कि 18 जून के अररिया के बकरा नदी पs 12 करोड़ रुपया के लागत से बनल पुल गिर गईल रहे। एकरा बाद 22 जून के सिवान जिला के गंडक नदी पs बनल करीब 40-45 साल पुरान पुल भी गिर गईल। 23 जून के पूर्वी चंपारण में करीब डेढ़ करोड़ रुपया के लागत से बनत एगो पुल गिर गईल रहे। एकरा खातीर स्थानीय लोग ठेकेदार पs घटिया सामग्री के इस्तेमाल करे के आरोप लगवले रहले। 27 जून के किशनगंज जिला के कंकई आ महानंदा नदी के जोड़े वाली एगो छोट सहायक नदी पs बनल पुल भी गिर गइल रहे। एकरा बाद पुल गिरला के ताजा घटना मधुबनी जिला के बा।

 

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]