[the_ad_group id="30365"]

झंकार सिनेमा रोड प जय माता दी समिति के पंडाल में मां सताक्षी देवी के वर्णन रहल आकर्षण के केंद्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर: गोरखपुर जनपद में दशहरा आ विजयादशमी के लेके खासा उल्लास रहल। एही क्रम में अलग-अलग पूजा पंडालन में बरखा के बावजूद नवमी के दिने भक्त लोग माता के दर्शन आ आसिरबाद प्राप्त करे लगातार आवत रहल लो। गौर करे आला बात बा कि कोरोना महामारी के कारण पिछिला दु साल के बाद सरकार के तमाम पाबंदियन के हटला के बाद दशहरा के लेके लोगन में अलगे उमंग रहल।

एह दौरान झंकार सिनेमा रोड प जय माता दी समिति द्वारा पूजा के आयोजन खातिर भव्य पंडाल के निर्माण करावल गइल रहे। जवना में शो के द्वारा माता के दर्शन करावल जात रहे। माता के दर्शन खातिर खराब मौसम के बावजूद रात के 3 बजे तक लगातार भीड़ बनल रहल। मां सताक्षी देवी के वर्णन अबकी बेर के आयोजन के विशेष आकर्षण रहल।

गौर करे आला बात बा कि समिति द्वारा पिछिला 35 बरिस से लगातार पूजा के आयोजन हो रहल बा। अबकी बेर के पूजा में नवमी के पावन अवसर प श्री पुष्य दंत जैन उपाध्यक्ष व्यापार कल्याण बोर्ड, राज्य मंत्री उत्तर प्रदेश सरकार द्वारा भोग लगावल गइल। एह दौरान 1 क्विंटल चना के छोला आ 160 किलो चावल के भंडारा लागल।

आयोजन समिति के अध्यक्ष श्री आशीष गुप्ता, नीरज त्रिपाठी,  श्री उत्तम गुप्ता आ श्री नागेंद्र कुमार जी के सौजन्य से अबकी बेर के पूजा के आयोजन आ दर्शन खातिर आइल भक्त लोग के खूब सुविधा जनक माहौल के अनुभूति भइल आ लोग मां सताक्षी देवी के वर्णन के धेयान से सुनल आ देखल। तीनो दिन भक्त लोगन के आगमन से समूचा पंडाल गुंजयमान रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]