[the_ad_group id="30365"]

Ludhiana: ओवरटेक कs रहल गाड़ी से टक्कर के बाद फॉर्च्यूनर में लागल आग, जिंदा जरलें लुधियाना के एसीपी आ गनमैन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लुधियाना में समराला के गांव दयालपुरा के लगे चंडीगढ़ रोड मैन हाईवे पs सुक के देर रात करीब एक बजे स्कॉर्पियो गाड़ी के टक्कर में बेकाबू भइल फॉर्च्यूनर में आग लाग गइल। एमे लुधियाना पूर्वी से एसीपी संदीप सिंह आ उनकर गनमैन प्रभजोत सिंह जिंदा जर गइल लो। गाड़ी के ड्राइवर गंभीर रूप से जख्मी बा, जवना के निजी अस्पताल में दाखिल करवावल गइल बा।

सूचना मिलला के बाद समराला पुलिस के उच्च अधिकारी आ थाना समराला के पुलिस मवका पs पहुंचल आ जांच के बाद दुनो शवन के पोस्टमार्टम खातिर सिविल अस्पताल भेजलस। पुलिस स्कॉर्पियो के चालक के पता लगावे में जुट गइल बिया।

लुधियाना के पूर्वी सबडिवीजन में तैनात एसीपी संदीप सिंह अपना सरकारी गनमैन प्रभजोत सिंह आ ड्राइवर के संगे फॉर्च्यूनर कार में चंडीगढ़ जात रहे लो। जब उनकर गाड़ी समराला के गांव दयालपुरा के लगे हाईवे पs पहुंचल तs एगो तेज रफ्तार स्कॉर्पियो उनका गाड़ी के ओवरटेक कइलस। एसे फॉर्च्यूनर बेकाबू हो गइल आ कार में आग लाग गइल। कार में सवार एसीपी आ उनकर गनमैन दरवाजा खोले के कोसिस में जुटल रहे लो, बाकिर कार के दरवाजा ना खुलल। जवना कारण से दुनो जिंदा जर गइल लो।

आसपास के लोग कार में आग पs काबू पावल आ कार के दरवाजा खोलल। तब तक दुनो लोग जर चुकल रहे। घायल ड्राइवर के लोग अस्पताल में दाखिल करवावल। बतावल जा रहल बा कि कार पूरा तरे से जल गइल बिया। थाना समराला पुलिस ममिला के जांच में जुटल बिया।

साभार : अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]