[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ: मां के हत्या कs के बहिन के कमरा में कइलस बंद, दोस्त के बुलाके घर पs कइलस पार्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ के यमुनापुरम कालोनी में अपना मां के गोली मारके हत्या करे के आरोपी नाबालिग के बाल सुधार गृह भेजल गइल बा। ओहिजा, पुलिस के पूछताछ में आरोपी बेटा कइयन गो राज खोलले बा। सबसे हैरानी के बात ई बा कि ओकरा मां के हत्या कइला के कवनो अफसोस नइखे।

इंस्पेक्टर आरोपी बेटा से पूछलस कि दू दिन शव राखल रहे, तहरा डर ना लागल। एह पs ऊ जवाब देलस कि सोमार के रात में डर लागल रहे तs मोहल्ला में रहे वाला दोस्त के बोला लेले रहनी। हत्यारा बेटा बतवलस कि भोरे 8 बजे बहिन के कमरा में बंद कs के मां के स्कूटी लेके मैच खेले गइनी। दूपहरिया 3 बजे खेलके घरे लवटनी। सांझ 5 बजे ऊ एगो दोस्त के फोन कs के बोलवलस। फेर बहिन के दोसर कमरा में बन कs के दोस्त के साथे पार्टी कइलस, रात भर दूनू दोस्त मूवी देखले सs। दोस्त मां के बारे में पूछलस तs बतवलस कि दादी(ईया) के लगे गइल बाड़ी।

इहो पढ़ीं…… UP में PUBG के चलते माँ के हत्या: नाबालिग 6 गोली चलवलस, 3 दिन तक मृत शरीर के संगे रहल फिर बाप के कइलस वीडियो कॉल

बाप से बोलल बेटा- रउआ हमार सुनते कब रहनी

बाप के रोवत देखके आरोपी बेटा तानिका विचलित भइल बाकिर तुरंत नॉर्मल हो गइल। ओकर बाबूजी एनके सिंह कहले कि ई का कs देले। जदि हम डटती तs ते हमरो के मार देते? एह पs बेटा बिना कवनो शिकन के बोलल कि ई तs वक्त बताइत। इहो कहलस कि रउआ तs हमार कबो कुछ सुनते ना रही। मां शिकायत कs देस। बस डांटल शुरू कs देत रहनी।

छत के रास्ते घर में घुसके केहू मां के हत्या कs देलस

बीतल 7 जून के लाश छिपावल मुश्किल हो गइल रहे। बाप नवीन के सबेरे से फोन आ वॉट्सऐप मैसेज आवत रहे। दूपहरिया में ऊ कॉल पिक कइलस। सांझ ले घर के अंदर बेतहाशा बदबू फइल गइल। ओकरा लागल कि घटना के छिपावल अब मुश्किल बा। एह पs सांझ के लमसम 7 बजे खुद बाप नवीन के फोन कइलस। बोलल- पापा छत के रास्ते घर में घुसके केहू मां के हत्या कs देलस।

साभार: हिंदुस्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]