[the_ad_group id="30365"]

ऑनलाइन ऑर्डर कइलस 1.50 लाख के फोन, फेर डिलीवरी ब्वॉय के हत्या कऽ के लूटलस फोन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजधानी लखनऊ के चिन्हट में एगो ग्राहक एगो डिलीवरी ब्वॉय के हत्या कऽ के ओकर मोबाइल लूट लिहलस। लाश के बोरा में भर के नहर में फेंक देलस। पुलिस पंजीकृत लापता आदमी के आधार पs जांच करत आरोपी तक पहुंच गइल। सोमार के दिने एह बात के खुलासा भइल। एगो आरोपी हिरासत में बा जबकि दुसरका फरार बा। टीम ओकरा खोज में लागल बाड़ी सन।

चिन्हट निवासी गजेन्द्र डेढ़ लाख रुपया के फोन ऑनलाइन मंगा लेले रहले। उनकर भुगतान कैश ऑन डिलीवरी रहे। डीसीपी पूर्वी शशांक सिंह बतवले कि 23 सितंबर के रात में भरत वर्मा नांव के एगो डिलीवरी बॉय फोन पहुंचावे खातिर गजेंद्र के घरे पहुंचल रहे। गजेन्द्र आ ओकर एगो दोस्त मिल के भरत के गला रेत के हत्या कऽ देले। राते में दुनु जाना मिल के लाश के बोरा में भर देले। गाड़ी में रख के बाराबंकी के माटी इलाका पहुंचले। उहां लाश के इंदिरा नहर मे फेंक देले ।

मोबाइल नंबर से सुराग मिलल, फेर लिंक जुड़ल शुरू हो गइल।

डीसीपी बतवले कि भारत के लापता होखला के बाद परिवार के लोग चिन्हट थाना में लापता होखे के शिकायत दर्ज करवले बाड़े। उनका मोबाइल नंबर के लोकेशन अवुरी कॉल डिटेल निकालल गइल। जवना नंबर पs आखिरी बेर फोन भइल रहे उऽ गजेन्द्र के रहे। ओह नंबर के माध्यम से पुलिस गजेन्द्र तक पहुंच गइल। जब पूछताछ शुरू भइल तऽ आरोपी घटना के कबूल कऽ लेले। उनका कहला प पुलिस नहर में लाश के तलाश में जुटल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]