राजधानी लखनऊ में बनल पुलिस चौकी अवुरी बूथ में रात-दिन एसी अंधाधुंध चलsता। अधिकतर नाका पर ना त मीटर बा ना कवनो बिल के भुगतान कइल जाला. खास बात ई बा कि पुलिस विभाग से एह नाका आ बूथन में एसी लगावे के कवनो प्रावधान नइखे।
एकरा बावजूद इहाँ बिना कवनो रोक-टोक के अवैध कनेक्शन के माध्यम से बिजली अवुरी एसी के इस्तेमाल कईल जाता। तमाम जानकारी के बावजूद लीजा के ओर से कबो कवनो कार्रवाई नईखे होखत।
- Sponsored Ads-

हजरतगंज चौराहा पर चौकी होखे भा आलमबाग के पुलिस चौकी, एसी एह सब जगहा दिन रात चलेला. पुलिस चौकी में केहू होखे भा ना, एसी कबो बंद ना होखेला। अधिकतर पुलिस चौकी में बिजली के मीटर तक ना लगावल जाला। नाका में जबरजस्ती तार खींच के बिजली कनेक्शन अपने आप बनावल जाला अवुरी ओकरा बाद गैरकानूनी तरीका से बिजली के खपत होखेला।










