[the_ad_group id="30365"]

बाढ़ आ बरखा से हालात बेकाबू: मायावती बोलली-खाली बैठकन तक सीमित मत रहे, राज्यन के मदद करे केंद्र सरकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बसपा सुप्रीमो मायावती मंगर के ट्वीट कs के कहली कि बाढ़ आ भारी बरखा से कईयन राज्यन में बनल मुश्किल हालात से बचाव खातिर केंद्र सरकार आगे बढ़के राज्यन के मदद करे। खाली बैठक आ आकलन करे तक खुद के सीमित मत रखे।

ऊ ट्वीट कs के कहली कि यूपी सहित देस के अधिकतर राज्यन में भारी बरखा आ बाढ़ के कारण आम जनजीवन बहुते प्रभावित बा। जान-माल आ पशुधन के बहुते हानि भइल बा। शहर के बुरा हाल बा आ ग्रामीण इलाकन में लोगन के मकान गिरला आ फसल के व्यापक बर्बादी आदि के कारण हालात बहुते गंभीर आउर चिन्ताजनक बा।

अइसन विकट हालात में सब संबंधित राज्य सरकार पीड़ितन के हर प्रकार से मदद खातिर पूरा ईमानदारी के संगे आपन जिम्मेवारी के निभावे। केन्द्र के सरकार के आकलन आ बैठक आदि से आगे बढ़के राज्यन के मदद खातिर तत्काल आगे आइल जरूरी बा। ई बसपा के मांग बा।

उत्तर प्रदेश के कुछ जिलन में भारी बरखा के देखत मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बाढ़ अउर जलभराव से राहत खातिर अफसरन के सतर्क रहे के निरदेस देलें बाड़े। ऊ सोमार के अफसरन के संगे प्रदेश में अतिवृष्टि आ बाढ़ से बचाव खातिर कइल जा रहल प्रयासन के समीक्षा कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]