[the_ad_group id="30365"]

यूपी में मंगर के गोंडा के पुलिस अधीक्षक अंकित तोमर के हटा के आईपीएस अंकित मित्तल के तैनाती दिहल गइल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी में मंगर के दुगो तबादला भइल। गोंडा के पुलिस अधीक्षक आकाश तोमर के हटा दिहल गइल। उनका जगह आईपीएस अंकित मित्तल के तैनाती दिहल गइल बा। आईपीएस अंकित मित्तल सेनानायक, 8वीं वाहिनी, पीएसी बरेली में तैनात रहलें।

एकरा पहिले सोमार के एटा अउर फतेहपुर के एसपी आ एसएसपी के अदला बदली कइल गइल रहे। फतेहपुर के एसपी राजेश कुमार सिंह के एटा के एसएसपी बनावल गइल जबकि एटा के एसएसपी उदय शंकर सिंह के फतेहपुर के एसपी बनावल गइल।

ओहिजा, अतवार के देर रात चार आईएएस अफसरन के तैनाती में फेरबदल कइल गइल रहे। जल निगम के एमडी अनिल ढींगरा के गोरखपुर के मंडलायुक्त बनावल गइल। उदय भानु त्रिपाठी के विशेष सचिव नगर विकास से विशेष सचिव आबकारी बनावल गइल। सचिव नगर विकास रविंद्र कुमार के एमडी जल निगम नगरीय के अतिरिक्त प्रभार दिहल गइल बा अउर सत्य प्रकाश पटेल निदेशक दिव्यांगजन निदेशालय से विशेष सचिव नगर विकास विभाग बनावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]