[the_ad_group id="30365"]

यूपी में ब‍िजली चोरी करे वाला के अब खैर नइखे! UPPCL चलाई बड़ अभि‍यान; अधिकारियन के दिहल गइल ई निरदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चोरी से बिजली के इस्तेमाल करे वालन के खिलाफ अब बड़ पैमाना पs अभियान चलावल जाई। बिजली कंपनी जादे चोरी वाला क्षेत्रन के पूरा ब्योरा तइयार कइल गइल बा। पावर कारपोरेशन (UPPCL) के अध्यक्ष डॉ. आशीष गोयल ओह क्षेत्रन में बिजली के चोरी पकड़े के अभियान पहिले चलावे के निरदेस दिहल गइल बा, जहां बड़ पैमाना s चोरी-छिपे बिजली के इस्तेमाल कइल जा रहल बा।

अध्यक्ष के कहनाम बा कि बिजली बेवस्था सुधारे खातिर बिजली चोरी पs कड़ाई से अंकुश लगावे के जरूरी बा। गोयल प्रदेश के सब वितरण निगमन के प्रबंध निदेशकन आ मुख्य अभियंतन के निर्देशित कइल गइल बा कि अइसे फीडर जहां बिजली चोरी के कारण लाइन हानी सबसे जादे बा। उहां पहिले-पहिले अभियान चलाके बिजली चोरी के रोकल जाव। एमे विजिलेंस के मदद लिहल जाव। ऊ कहलें कि बिजली चोरन के खिलाफ अभियान चलावे के दौरान केहू के नाजायज परेसान कइल जाव।

प्रयागराज क्षेत्र के ब‍िजली बेवस्था के समीक्षा

अध्यक्ष बुध के प्रयागराज क्षेत्र के बिजली बेवस्था के समीक्षा कइलें। विद्यु राजस्व, ट्रांसफार्मर क्षतिग्रस्तता, बिलिंग, आरडीएसएस आ बिजनेस प्लान आदि योजनन के प्रगति संतोषजनक ना पावल गइला पs अध्यक्ष प्रयागराज (प्रथम) आ फतेहपुर के अधीक्षण अभियंतन के चार्जशीट देवे के निरदेस देलें।

अभियंता लोगन के दिहल गई सख्‍त चेतावनी

कौशाम्बी आ खागा के अधिशासी अभियंतन के सख्त चेतावनी दिहल गइल बा। समीक्षा बैठक में कारपोरेशन के प्रबंध निदेशक पंकज कुमार सहित आउर संबंधित अधिकारी-अभियंता उपस्थित रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]