[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ मुंबई के 4 विकेट से हरवलस : टॉप-3 में आइल टीम ; स्टोयनिस के फिफ्टी, मोहसिन खान झटकलें 2 विकेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ सुपर जायंट्स IPL-2024 के 48वां मुकाबला में मुंबई इंडियंस के चार विकेट से हरा देलस। दुनो timanके बीच मवजूदा सीजन में पहिला बेर मैच खेलल गइल। ई LSG के सीजन में छठा जीत हs। टीम 12 अंक के संगे अंकतालिका में तीसरका स्थान पs आ गइल। दूसरका ओर MI लगातार तीसरका मुकाबला गंववलस।

 

लखनऊ के भारत रत्न श्री अटल बिहारी वाजपेयी स्टेडियम में LSG टॉस जीतके गेंदबाजी चुनलस। मुंबई 20 ओवर में सात विकेट पs 144 रन बनवलस। जवाब में लखनऊ 19.2 ओवर में छव विकेट खोके टारगेट हासिल कs लेलस। मार्कस स्टोयनिस 45 बॉल पs 62 रन के पारी खेलले, जबकि कप्तान केएल राहुल 28 रन के जोगदान देलें। मुंबई से कप्तान हार्दिक पंड्या दु विकेट लेलें। स्टोयनिस प्लेयर ऑफ द मैच रहलें।

MI से नेहल वाधेरा 46, टिम डेविड 35 और ईशान किशन 32 रन बनावल लो। मोहसिन खान दूर विकेट लेलें। मयंक यादव, नवीन-उल-हक, रवि बिश्नोई आ मार्कस स्टोयनिस के एक-एक विकेट मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]