Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लखनऊ मुंबई के 4 विकेट से हरवलस : टॉप-3 में आइल टीम ; स्टोयनिस के फिफ्टी, मोहसिन खान झटकलें 2 विकेट

393

लखनऊ सुपर जायंट्स IPL-2024 के 48वां मुकाबला में मुंबई इंडियंस के चार विकेट से हरा देलस। दुनो timanके बीच मवजूदा सीजन में पहिला बेर मैच खेलल गइल। ई LSG के सीजन में छठा जीत हs। टीम 12 अंक के संगे अंकतालिका में तीसरका स्थान पs आ गइल। दूसरका ओर MI लगातार तीसरका मुकाबला गंववलस।

 

लखनऊ के भारत रत्न श्री अटल बिहारी वाजपेयी स्टेडियम में LSG टॉस जीतके गेंदबाजी चुनलस। मुंबई 20 ओवर में सात विकेट पs 144 रन बनवलस। जवाब में लखनऊ 19.2 ओवर में छव विकेट खोके टारगेट हासिल कs लेलस। मार्कस स्टोयनिस 45 बॉल पs 62 रन के पारी खेलले, जबकि कप्तान केएल राहुल 28 रन के जोगदान देलें। मुंबई से कप्तान हार्दिक पंड्या दु विकेट लेलें। स्टोयनिस प्लेयर ऑफ द मैच रहलें।

MI से नेहल वाधेरा 46, टिम डेविड 35 और ईशान किशन 32 रन बनावल लो। मोहसिन खान दूर विकेट लेलें। मयंक यादव, नवीन-उल-हक, रवि बिश्नोई आ मार्कस स्टोयनिस के एक-एक विकेट मिलल।

808780cookie-checkलखनऊ मुंबई के 4 विकेट से हरवलस : टॉप-3 में आइल टीम ; स्टोयनिस के फिफ्टी, मोहसिन खान झटकलें 2 विकेट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.