[the_ad_group id="30365"]

Cash For Query Case: टीएमसी सांसद महुआ मोइत्रा के संसद सदस्यता होई समाप्त? लोकसभा आचार समिति के बैठक आज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीएमसी सांसद महुआ मोइत्रा आ भाजपा सांसद निशिकांत दुबे के बीच विवाद थमे के नाम नइखे ले रहल। एह ममिला में लगातार विवाद बढ़ता जा रहल बा लो।

ओहिजा, अब लोकसभा के आचार समिति बियफे के तृणमूल कांग्रेस सांसद महुआ मोइत्रा के खिलाफ कैश-फॉर-क्वेरी आरोप पs एगो मसौदा रिपोर्ट अपनावे खातिर बैठक करी लो। ओहिजा, एह बीच ई संकेत सामने आ रहल बा कि पैनल उनका खिलाफ लागल आरोपन पs गंभीर रुख अपना सकत बा।

आज होई LS समिति के बैठक

भाजपा सांसद निशिकांत दुबे मोइत्रा के खिलाफ लोकसभा अध्यक्ष ओम बिरला से संपर्क कइले रहस आ उनका पs उपहार के बदले व्यवसायी दर्शन हीरानंदानी के इशारा पs अडानी समूह के निशाना बनावे खातिर लोकसभा में सवाल पूछे के आरोप लगवले रहस।

समिति के ओर से मोइत्रा के खिलाफ लागल आरोपन पs गंभीर रुख अपनावे के संभावना बा, खास कs के तब जब ऊ आपन प्रमुख विनोद कुमार सोनकर पs विपक्षी सदस्यन के संगे गुस्सा में बाहर निकलला से पहिले पिछला बैठक में उनका से गंदा सा व्यक्तिगत सवाल पूछला के आरोप लगवले रहस।

अइसे संकेत बा कि विपक्षी सदस्यन के असहमति नोट के संभावना के बीच समिति स्पीकर बिड़ला के आपन रिपोर्ट में मोइत्रा के खिलाफ सिफारिश कs सकत बिया।

समिति कs सकत बिया दानिश अली के खिलाफ सिफारिश

सूत्र कहा कि समिति के ओर से कार्यवाही के दौरान कुछ विपक्षी सदस्यन के आचरण पs आपन नाखुशी के रेखांकित करे आ सदन के आपन सिफारिशन में एकर उल्लेख करे के उम्मीद बा।

ऊ कहलें कि समिति बसपा सदस्य दानिश अली के खिलाफ सिफारिश कs सकत बिया, जे मोइत्रा से सोनकर के “अशोभनीय आ व्यक्तिगत” सवालन पs सबसे जोरदार हमला बोलले रहस।

सोनकर दानिश अली आ जद (यू) के गिरिधारी यादव जइसन सदस्यन के आचरण के अनैतिक बतवले रहस।

15 सदस्यीय समिति में भाजपा के सात, कांग्रेस के तीन आ बसपा, शिवसेना, वाईएसआरसीपी, सीपीआई (एम) आ जेडीयू के एक-एक सदस्य बा लो।

विपक्ष के सूत्र कहले बा लो कि अब तक मसौदा रिपोर्ट समिति के सदस्यन के वितरित नइखे कइल गइल।

कांग्रेस सूत्र कहल लो कि एकर सदस्य एन उत्तम कुमार रेड्डी आ वी वैथिलिंगम असहमति नोट प्रस्तुत करी लो। बसपा सदस्य कुँवर दानिश अली आपन असहमति नोट प्रस्तुत करे खातिर  तइयार बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]