[the_ad_group id="30365"]

कच्छ में पाकिस्तानी नागरिक के घुसपैठ के कोशिश नाकाम, BSF पकड़लस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात के कच्छ जिला में सीमा सुरक्षा बल भारत में घुसपैठ करे के कोशिश करत एगो पाकिस्तानी नागरिक के पकड़ लिहलस. ई घटना 12 जनवरी के भइल जब बीएसएफ के जवान सतर्कता देखावत एगो पाकिस्तानी नागरिक के भारत के सीमा में घुसत पकड़ लिहले. बीएसएफ के एगो अधिकारी बतवले कि इs व्यक्ति हरामी नाला के उत्तर के इलाका से सीमा पार करे के कोशिश करत रहे।

अधिकारी कहले कि, 12 जनवरी के बीएसएफ के सैनिक एगो पाकिस्तानी नागरिक के अंतरराष्ट्रीय सीमा पार करत देखले रहले, उs कच्छ जिला के हरामी नाला इलाका के उत्तरी हिस्सा से भारतीय सीमा में घुसे के कोशिश करत रहले। बीएसएफ के जवान तुरंत ओकरा के पकड़ लिहले।

गिरफ्तार भईल आदमी के पहचान पाकिस्तान के सिंध प्रांत के सुजावाल जिला के कारो घुंघरू गांव के निवासी बाबू अली के रूप में भईल बा। घुसपैठ के ई घटना भारत पाकिस्तान के अंतर्राष्ट्रीय सीमा पs स्थित हरामी नाला इलाका में भइल. बीएसएफ बयान में इहो कहलस कि गिरफ्तार पाकिस्तानी नागरिक के खिलाफ कानूनी कार्रवाई होखता अवुरी सीमा सुरक्षा के लेके उनुकर चौकसी लगातार बढ़ावल जाता।

पाकिस्तानी ड्रोन से गिरल पिस्तौल बरामद
एगो अउरी खबर में पंजाब के फिरोजपुर जिला में पाकिस्तान सीमा के लगे एगो खेत में अतवार के दिने पाकिस्तानी ड्रोन से गिरल पिस्तौल आ ‘मैगजीन’ युक्त पैकेट बरामद भइल बा. जानकारी देत ​​सीमा सुरक्षा बल के एगो अधिकारी बतवले कि कवनो संदिग्ध वस्तु के मौजूदगी के जानकारी मिलला के बाद बीएसएफ के जवान तलाशी अभियान शुरू कs देले बाड़े। उs कहले कि, सबेरे करीब 9:00 बजे तलाशी अभियान के दौरान बीएसएफ के सैनिक फिरोजपुर जिला के टेंडी वाला गांव के नजदीक खेत से दु पैकेट बरामद कईले। 

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]