Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हैंडसम मरद पs फिसलल मेहरारू के दिल, लभर खातिर मरवा देहली अपनिये मरद के

पाच लाख में भइल रहे सौदा| बिहार के बा मामिला

256

बिहार (Bihar) के पूर्णिया जिला से एगो दिल दहलावे आला खबर सामने आवता| इहां एगो कलयुगी पत्नी पs प्यार के खुमार अइसन चढ़ल कि ऊ अपना मांग की सेनुरवे धोआ देहलस| मिलल जानकारी के हिसाब से मेहरारू के प्रेमी ओकरे पति के रस्ता से हटवले खातिर शूटरन के ओकरे हत्या कइले खातिर सुपारी देहले रहनें| दरअसल मेहरारू अपने प्रेमी से नवका साल पs ओकरे पति के रस्ता से हटवले के गिफ्ट मंगले रहे|

एकरे खातिर प्रेमी आपन जमीन बेच के 5 लाख रूपया के जोगाड़ कइलस अउर ओकरे बाद मेहरारू के पति के हत्या करवा देहलस| 31 दिसंबर के अबेर साँझ के बाइक पs बइठल बदमास कुल मेडिकल के दुकान पs बइठल मोहन दास के तीन गोली मार के हत्या कs देहनें सब| पुलिस हत्या के आरोपी पत्नी, ओकरे प्रेमी सहित्ते 5 आरोपियन के गिरफ्तार कs लेहले बिया|

 

साभार – tranding bihar

221680cookie-checkहैंडसम मरद पs फिसलल मेहरारू के दिल, लभर खातिर मरवा देहली अपनिये मरद के

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.