सबेरे- सबेरे: जांघ के चरबी कम करीं इs तीन गो एक्सरसाइज

By Anurag Ranjan

Published on: May 8, 2024

  एह घरी मोटापा के मुख्य कारन हमनी के अनियमित दिनचर्या आ जीवनशैली बा। बहरी के लगातार खान पान आ एक्सरसाइज के ना करला के बजह से लोग ओबेसिटी के सिकार होत बाड़े। जादी एक

Share

 

एह घरी मोटापा के मुख्य कारन हमनी के अनियमित दिनचर्या आ जीवनशैली बा। बहरी के लगातार खान पान आ एक्सरसाइज के ना करला के बजह से लोग ओबेसिटी के सिकार होत बाड़े। जादी एक हाली जांघ के चरबी बढ़ गइल,ओकरा से छूटकारा पावल मुश्किल बा। बाकी रउवा चाही तs बस 21 दिन इs तीन गो एक्सरसाइज कs के देखी रउवा असर लउके लागी। आ इs एक्सरसाइज करें ला रउवा कुछो उपरा के समान ना लागी। चली रउवा के बतावत बानी आख़िर कवन एक्सरसाइज राउर जीनगी के बदल दी।

जांघ के चरबी कम करे खातिर इs तीन गो एक्सरसाइज रही बेस्ट

स्‍क्‍वैट्स: स्‍क्‍वैट्स बहुते आसान वर्कआउट हs, जांघ के चर्बी कम करे खातिर इs करल जा सकत बा। इs वर्क आउट कइला से खाली जांघ के मोटापा ना घटे ओकरा साथे साथ शरीर के मांशपेशियों में मजबूती आवेला।

एकरा के कइला खातिर दुनो हाथ के सोझा ओरी खुला राखी आ सीधा खड़ा हो छाती के तनी बहरी ओरी निकाली।

आपन ठेहुना के मोड़त अइसे बइठी जइसे रउवा कुरसी पs बइठत बानी।

आपन दूनो ठेहुना के पंजा के बरोबरे राखी । आ तबले नीचा ओरी निहुरी जबले दुनो जांघ जमीन के बरोबर नs हो जाई। उपरा आवत घरी सांस छोड़ी। इs बहूते आसान बा आ आसानी से करल जा सकत बा।

प्लैंक: प्लैंक देखे में बहुते आसान लागेला। बाकी इs सबसे मुश्किल एक्सरसाइज हs। एकरा से भर देह के वर्क आउट हो जाला। संगे संगे रउरा देह में लचीलापन आवेला। प्‍लैंक एक्‍सरसाइज करे खातिर सबसे पहीले पुश-अप्स पोजीशन में आ जाइ। इs एक्सरसाइज करते बखत इs बात के धियान रखी कि राउर देह बीच से झुके। आ जेतना देरी सक सकी एही इस्थिती में रहे के कोसिस करी। सुरूवाती घरी दू से तीन मिनट ही करी आ धीरे धीरे समय बढ़ावsत चली।

जम्पिंग जैक: जंपिंग जैक के नाव से मन परता एह में कुदे के रहेला। इs एगो इंटेंस वर्कआउट हs। रउवा के जंप करते इs एक्सरसाइज करे के होई। एकरा के रउवा कई तरह से कर सकत बानी, बाकी सुरुआत में रउवा एकरा के करे घरी दुनो हाथ के कूद के ऊपर के जाएम आ थपरी बजा के दुनो हाथ जोड़ देम। एकरा संगे रउवा के आपन दुनो गोड खोल देवे के होई। माने जंप के संगे हाथ गोड दुनो ओपन करे के बा।

आ वापस आवत घरी हाथ गोड अपना में मिल जाए के चाही। इs कइल बहुते आसान बा। रउवा एकरा के तेजी से कमसेकम 50 के सेट के संगे 3 बेर कs सकत बानी।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.