[the_ad_group id="30365"]

बाल-बाल बचली शिवसेना यूबीटी नेता सुषमा अंधारे, चुनाव प्रचार पs जाए से पहिले क्रैश भइल हेलीकॉप्टर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

शिवसेना (यूबीटी) के नेता सुषमा अंधारे के जवना हेलीकाप्टर में सफर करे के रहे,उ हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गईल बा। बता दीं कि ई घटना रायगढ़ जिला के महाड में भइल. सुषमा अंधारे प्रचार खातिर महाड से बारामती जाए वाली रहली। लेकिन हेलीकाप्टर में चढ़े से पहिले हेलीकाप्टर दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। हेलीकाप्टर दुर्घटना के ई वीडियो लाइव रिकार्ड कs के अंदारे के फेसबुक पेज पs शेयर कइल गइल बा। बता दीं कि एs घटना में केहु के कवनो नुकसान नईखे भईल, जबकि हेलीकाप्टर पायलट के भी सुरक्षित बतावल जाता। असल में सुषमा अंधारे प्रचार करे खातिर अमरावती जाए वाली रहली।

सुषमा अंधारे अमरावती जाए वाली रहली

बता दीं कि हेलीकाप्टर उतरत घरी दुर्घटनाग्रस्त हो गइल. एs दौरान हेलीकाप्टर के संतुलन बिगड़ गईल अवुरी जमीन पs गिर गईल। जानकारी के मुताबिक एs घटना में दुनो पायलट सुरक्षित बाड़े। हेलीकाप्टर दुर्घटना के वीडियो लाइव रिकॉर्ड कs सोशल मीडिया पs शेयर कईल गईल बा। संगही, सुषमा अंधारे खुद एs दुर्घटना के वीडियो के अपना फेसबुक पेज पs लाइव शेयर कईली। बता दीं कि बियफ़ें के सुषमा अंधारे के रैली महाड में भईल रहे। हालांकि रात के देर होखे के चलते उs फेर से महाड में रह गईली अवुरी सुक के चुनाव रैली करे खातीर अमरावती जाए के पड़ल।

पायलट के जान बच गईल

दुर्घटना तब भईल जब हेलीकाप्टर उतरे के कोशिश करत रहे। एह दौरान हेलीकाप्टर के संतुलन खतम हो गइल आ अचानक डगमगा गइल.अधिकारी बियफे के दिने बतवले कि दुर्घटनाग्रस्त हेलीकाप्टर एगो निजी हेलीकाप्टर हs जवन शिवसेना के नेता सुषमा अंधारे के ले आवे आइल रहुवे. हेलीकाप्टर लैंडिंग के दौरान अचानक दुर्घटनाग्रस्त हो गईल। दुर्घटना के समय हेलीकाप्टर पायलट हेलीकाप्टर से कूदे में कामयाब हो गईल अवुरी ओकर जान बच गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]